[the_ad_group id="30365"]

नेपाल के दु गो सांसद के भारत-नेपाल बॉर्डर पऽ तारबंदी आ पासपोर्ट व्यवस्था लागू करे के मांग, कहले- भारतीय आधार कार्ड…

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सत्तारूढ़ नेकपा एमाले के सांसद महेश बतौला कहले कि खुलल सीमा होखे के कारण अपराधी नेपाल में वारदात कऽ के आसानी से भारतीय क्षेत्र में भाग जाले। सीमा पs तारबंदी से अपराधियन आ विदेशी घुसपैठ के मामला पs अंकुश लागी। नेकपा एमाले के सांसद रघुजी पंत भारतीय नागरिकन के पासपोर्ट के बगैर नेपाल में प्रवेश रोके के मांग कइले।

भैरहवा (नेपाल)। नेपाल के दु गो सांसद भारत-नेपाल के खुलल सीमा पs तारबंदी आ भारतीयन के नेपाल प्रवेश पs पासपोर्ट के अनिवार्यता के प्रस्ताव बुध के नेपाल के राजधानी काठमांडू इस्थित प्रतिनिधि सभा (सदन) के पटल पर रखले। सांसद अपना प्रस्ताव के सीमा सुरक्षा, घुसपैठ आ सीमावर्ती क्षेत्र में अपराध पs अंकुश लगावे से जोड़त घरी एह पs गंभीरता से अमल करे के अपील कइले।

सत्तारूढ़ नेकपा एमाले के सांसद महेश बतौला कहले कि खुलल सीमा होखे के कारण अपराधी नेपाल में वारदात कऽ के आसानी से भारतीय क्षेत्र में भाग जाले। सीमा पs तारबंदी से अपराधियन आ विदेशी घुसपैठ के मामला पs अंकुश लागी।

आधार कार्ड देखा के भारतीय नेपाल आ जाले

नेकपा एमाले के सांसद रघुजी पंत भारतीय नागरिकन के पासपोर्ट के बगैर नेपाल में प्रवेश रोके के मांग कइले। कहले कि खाली आधार कार्ड के पहचान-पत्र के रूप में देखा के भारतीय नेपाल आ जाले। ओ पहचान-पत्र के वास्तविकता के जांच खातिर नेपाल में कवनो माध्यम नइखे। नेपाल स्वत्रंत राष्ट्र हऽ। अइसे में ओकर सीमा सुरक्षो राष्ट्र हित में आउर पुख्ता होखे के चाहीं। नेपाल में प्रवेश करे वाला भारतीयन आ आउर  विदेशियन के पुख्ता ब्यौरा होखे खातिर पासपोर्ट के आधार पs प्रवेश आ सरहद के तारबंदी आवश्यक बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]