[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur Train Accident : गोरखपुर में ट्रेन के चपेट में अइला से महिला सहित दु के मौत, एक गंभीर रूप से घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। गोरखपुर के दुर्गाबाड़ी क्रॉसिंग पार करत घरी अतवार के सांझ भइल दर्दनाक ट्रेन दुर्घटना में महिला सहित मासूम के मौत सब केहू के झकझोर के राख देले बा। एह हादसा में जहां महिला सविता आ शिया के मौत हो गइल, ओहिजा मिठ्ठी गंभीर रूप से घायल बिया, जवना के सावित्री अस्पताल में इलाज चल रहल बा।

चॉकलेट के लालच में संगे गइल रहली सs दुनो मासूम

अतवार के सांझा हुमायूंपुर उत्तरी यादव टोला में रोज के तरे लईकन के हंसी गूंजत रह। घरन के बाहर खेलत मासूम शिया आ ओकर दोस्त मिट्ठी खातिर ई सांझ कवनो खास खुसी से कम ना रहे। सामने रहे वाली सविता यादव बाजार चले के पूछली आ चॉकलेट दिलावे के वादा कइली। बस फेर का रहे, चॉकलेट के लालच में शिया तुरंत तइयार हो गइल। मिट्ठी साथे चले के जिद करे लागल। केहू के अंदाजा ना रहे कि ई छोट चुकी खुसी जिंदगी के आखिरी खुसी बन जाई।

सविता यादव पहिलहू मोहल्ला के लईकन के बाजार ले जात रही, एहिसे केहू के कवनो शक ना भइल। घर से निकलत घरी शिया अपना पिता अमित कुमार यादव के फोन कs के कहले रहे- “तनिका देर में लवट आएम।” बाकिर ऊ लवट ना सकल। जवना पटरी के सुरक्षित समझ के ऊ लोग खड़ा भइल, उहे पटरी मौत के रास्ता बन गइल।

क्रॉसिंग पs पल भर में बदल गइल जिंदगी

घर से करीब 500 मीटर आगे दुर्गाबाड़ी क्रॉसिंग गोरखनाथ ओवरब्रिज निर्माण के चलते बंद बा। लोग अक्सर नीचे से पटरी पार करत रहे। ओही समय एगो मालगाड़ी उहां से गुजरत रहे। ओकरा के देखे खातिर सविता, शिया आ मिट्ठी दूसरका ट्रैक पs खड़ा हो गइल। तबे गोरखपुर स्टेशन से जम्मूतवी जा रहल मोरध्वज एक्सप्रेस तेज रफ्तार में आ गइल। दुगो ट्रेनन के हॉर्न एक संगे गूंजल। शोर, घबराहट आ भ्रम के बीच तीनो खतरा के समझ ना सकल आ हादसा हो गइल।

अगलही पल चीख-पुकार मच गइल। सविता आ शिया गंभीर रूप से घायल रहे लोग, जबकि मिट्ठी बुरा तरे जख्मी हो गइल। सूचना पs पहुंचल जीआरपी आ स्थानीय पुलिस तीनो के जिला अस्पताल पहुंचावल, जहां डॉक्टर लोग सविता आ आठ बरिस के शिया के मृत घोषित कs दिहल। मिट्ठी के हालत नाजुक बनल रहे, जवना से ओकरा के सावित्री अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

मोहल्ला में पसरल बा सन्नाटा

हुमायूंपुर उत्तरी यादव टोला में मातम छा गइल। जवना गली में लईकन के किलकारी रहे, उहां खामोशी पसर गइल। सविता यादव (32) के घर के बाहर लोगन के भीड़ लागल रहे। ऑटो चालक पति हेमंत यादव बदहवास रहलें- “बस बाजारे तs गइल रहली…” छव साल के बेटा स्वस्तिक हर केहू से पूछता रहे-“मम्मी कब अइहें?” केहू के लगे जवाब ना रहे।

घर के रौनक रहे शिया

सामने वाला घर में शिया के खिलौना आ किताब बिखरल पड़ल रहे। पिता अमित कुमार यादव, जे ड्राई फ्रूट के दुकान पs काम करेलें , बेटी के मौत के खबर सुनके बेसुध हो गइल। मां के हालत संभारल मुश्किल रहे। कक्षा छव में पढ़े वाला भाई अनुराग बहिन के खिलौनन के देखके फूट-फूटके रो पड़ल। मोहल्ला के लोग कहत बा कि शिया बहुते चंचल रहे, स्कूल से लवटतही गली में खेलल ओकर दिनचर्या रहे।

घायल मिट्ठी के परिवार पs टूटल दुखन के पहाड़

मिट्ठी के पिता अमरेश साहनी दुबई में रहेलें। हादसा के खबर मिलतही ऊ लगातार फोन पs हाल पूछ रहल बाड़ें। मां शोभा साहनी अस्पताल में बेटी के लगे बाड़ी, जबकि दु साल के भाई दिव्यम मां के ढूंढत फिर रहल बा।

Read Also: IND vs SA 3rd T20I : धर्मशाला में भारत के जीत के हैट्रिक, गेंदबाजन के बाद अभिषेक शर्मा के बल्ला से दिखल दम

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]