[the_ad_group id="30365"]

दु गो पूर्व व‍िधायक आ एगो एमएलसी समेत सात बदमाश माफिया घोषित, कुख्यात राजन तिवारी पs कसल शिकंजा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दो पूर्व व‍िधायक व एक एमएलसी समेत सात बदमाश माफिया घोषित, कुख्यात राजन तिवारी पर भी कसा शिकंजा

सीएम के निरदेस पs तइयार भइल बा सूची

मुख्यमंत्री के निरदेस पs जिला, जोन आ प्रदेश स्तर पs माफियन के सूची तइयार कइल जा रहल बा। गोरखपुर जोन में एडीजी अखिल कुमार के आदेश पs पुलिस अपराध में सक्रियता के आधार पs माफिया के सूची तइयार कइले बिया। एह सूची में गोरखपुर के गीडा निवासी आ पूर्व ब्लाक प्रमुख आ विधानसभा चुनाव में बसपा प्रत्याशी रहल सुधीर कुमार सिंह, गोरखनाथ निवासी विनोद कुमार उपाध्याय, गुलरिहा निवासी राकेश यादव, गगहा निवासी बिहार के पूर्व विधायक राजन तिवारी, देवरिया के रहे आला पूर्व एमएलसी रामू द्विवेदी, बलरापुर के रहे आला वाले पूर्व सांसद/विधायक रिजवान जहीर के नाव शामिल कइल गइल बा।

थानन में भइल दुराचारी सभा:

गोरखपुर के सब थानन पs दुराचारी सभा आयोज‍ित कइल गइल। जेमे क्षेत्र में रहे आला 25 प्रतिशत हिस्ट्रीशीटरन के बोलाके थानेदार, हल्का दारोगा आ बीट पुलिस अधिकारी पूछताछ कइल लो। चार सभा लगातार ना आवे आला हिस्ट्रीशीटरन पs निरोधात्मक कार्रवाई करे ला पुलिस ओकनी के जमानतदार के बोलाके सभा करी। सक्रिय लोगन के गैंगस्टर के कार्रवाई कs के संपत्ति जब्त करावल जाई।

हर हफ्ता होई ई सभा:

एसएसपी डा. विपिन ताडा बतवले कि दुराचारी सभा में हल्का दरोगा आ सिपाही लो  हिस्ट्रीशीटरों से पूछताछ कइल लो। थाना क्षेत्र में रहे आला कुल हिस्ट्रीशीटरन में 25 प्रतिशत के बोलावल गइल रहे। सभे के विवरण थाना के कंप्यूटर में फीड करावल गइल। मुकदमन के पैरवी रजिस्टर, काज लिस्ट के अपडेट कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]