[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर आ जौनपुर विश्वविद्यालय में यूपी के दु महिला प्रोफेसर बनली कुलपति

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

यूपी के दू गो नया राज्य विश्वविद्यालयन में नया कुलपति के तैनाती कइल गइल बा। राज्यपाल आनंदी बेन पटेल गुरुवार के आदेश जारी क के लखनऊ विश्वविद्यालय के प्रोफेसर पूनम टंडन के दीनदयाल उपाध्याय विश्वविद्यालय गोरखपुर के कुलपति नियुक्त कईली।

इलाहाबाद विश्वविद्यालय के प्रोफेसर वंदना सिंह के जौनपुर के पूर्वांचल विश्वविद्यालय के कुलपति बनावल गइल बा। जरुरी बात इ बा कि दुनो राज्य विश्वविद्यालय में महिला शिक्षक के कुलपति के रूप में नियुक्त कईल गईल बा। दुनो पद पs नियुक्त कुलपति 3 साल तक ए पद पs तैनात रहीहे।

भौतिकी विभाग के प्रोफेसर के कुलपति बनावल गइल

गोरखपुर विश्वविद्यालय में छात्र अवुरी कुलपति, प्रशासनिक अधिकारी के बीच भईल हंगामा के बाद वीसी राजेश सिंह के हटावे के अटकलबाजी भईल। एही बीच गुरुवार के अपर मुख्य सचिव राज्यपाल डॉ. सुधीर महादेव बोबडे के दिहल जानकारी के मुताबिक, प्रो. पूनम टंडन के पद सम्हरला के बाद 3 साल खातिर कुलपति बनावे के आदेश जारी भईल बा।

30 साल के पढ़ावे के अनुभव होखे के चाहीं

प्रोफेसर पूनम टंडन 2006 से लखनऊ विश्वविद्यालय के भौतिकी विभाग में प्रोफेसर के रूप में काम कs रहल बाड़ी। लगभग 30 साल से लखनऊ विश्वविद्यालय में बानी। इहाँ के 250 से अधिका राष्ट्रीय आ अंतर्राष्ट्रीय पत्रिका में शोध पत्र प्रकाशित भइल बा। एकरा अलावे करीब 40 छात्र पीएचडी के काम पूरा कs चुकल बाड़े। प्रोफेसर पूनम टंडन कई गो अंतर्राष्ट्रीय संगठनन के साथे भी काम कइले बाड़ी। लखनऊ विश्वविद्यालय में स्टूडेंट वेलफेयर आ डीन अकादमिक जइसन पद के जिम्मेवारी दिहल गइल, जवना में ऊ बढ़िया प्रदर्शन कइली। वर्तमान में उ उपक्रम के महानिदेशक के पद पs भी काम कs रहल बाड़ी।

प्रोफेसर पूनम टंडन के यंग साइंटिस्ट अवार्ड, यूजीसी अवार्ड, फुल ब्राइट स्कॉलरशिप, हम बुल्ट अवार्ड आ शिक्षा श्री सम्मान भी मिलल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]