[the_ad_group id="30365"]

JPU: जय प्रकाश विश्वविद्यालय के बीएड द्वितीय वर्ष के परीक्षा से दु परीक्षार्थी निष्कासित

PHD Enterance Exam
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा: जेपी विवि के बीएड द्वितीय वर्ष के परीक्षा बुध के शहर के दु केंद्रन पs सुरू भइल। परीक्षा के पहिला दिन राजेंद्र महाविद्यालय आ गंगा सिंह महाविद्यालय केंद्र पs नकल करे के आरोप में एक- एक परीक्षार्थी के निष्कासित कइल गइल। ओहिजा उड़नदस्ता दल के सदस्य दुनो परीक्षा केंद्रन के औचक निरीक्षण कइस। एह दौरान केंद्राधीक्षकन के कदाचार मुक्त वातावरण में परीक्षा संचालित करे के निरदेस दिहल गइल।

एह बीच जेपीविवि के जनसंपर्क पदाधिकारी डा.(प्रो.) हरिश्चंद्र बतवलें कि बीएड के परीक्षा कदाचार मुक्त वातावरण में सुरू हो गइल। ऊ बतवलें कि कुलपति प्रो.फारूक अली सब अभिभावक आ बीएड के छात्रन से अपील कइले बाड़ें कि ऊ कदाचार मुक्त वातावरण बनावे लो आ कदाचार मुक्त वातावरण में परीक्षा देवे लो।अंतिम साल की परीक्षा में जदि कवनो कारण से निष्कासित कइल जाई लो तs एह लोगन के एक साल बर्बाद हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]