[the_ad_group id="30365"]

गोपालगंज में अनबैलेंस होके पलटल पिकअप: चार नर्तकियन समेत दु गो लईका जख्मी, एगो गोरखपुर रेफर, यूपी से प्रोगाम कs के घर लवटत रहे लो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कुचायकोट थाना क्षेत्र के करमैनी ढाला के लगे अचानक एगो पिकअप पलट गइल। पिकअप पs सवार 4 नर्तकियन समेत दु  गो लईका बुरी तरे जख्मी हो गइल लो। जख्मी नर्तकियन में से एगो के इस्थिति गंभीर बतावल जा रहल बा। सभे के सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। डॉक्टर लोग प्राथमिक उपचार के बाद एगो नर्तकी के बेहतर इलाज खातिर गोपालगंज सदर अस्पताल से गोरखपुर रेफर कs दिहल।

घायलन में कोलकाता के रहे वाली काजल अधिकारी, अनुष्का मिश्रा, मधु कुमारी आ अंजली कुमारी के अलावे दु मासूम सायन आ सपना कुमारी सामिल बा लो। ई नर्तकी लोग कुचायकोट थाना क्षेत्र के सासामुसा के लगे रहके आर्केस्ट्रा में काम करेला लो। सोमार ले रात पिकअप पs सवार होके उत्तर प्रदेश के तमकुही से बियाह समारोह में प्रोग्राम कs के सासामुसा लवटत रहे लो।

एने, पिकअप ड्राइवर जइसही झपकी लेलस ओइसही पिकअप अनियंत्रित होके सड़क पs पलट गइल। चीख-पुकार मचे लागल तs अगल-बगल के लोग पहुंचल। ओकरा बाद सभे के भर्ती करावल गइल।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]