[the_ad_group id="30365"]

Twitter Verified: ‘ट्विटर वेरिफाइड’ कुछ घंटन में सत्यापित खातन के कइलस अनफॉलो, सोशल मीडिया पs मचल खलबली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ट्विटर के एलन मस्क जब से अपना हाथन में लेलें तब से ऊ कंपनी में बदलाव कइल सुरू कs देलें। ट्विटर पs ऊ कुछ अइसन करत रहेले जवना से पूरा दुनिया के धेयान उनका ओर चल जाला। कुछ दिन पहिले ऊ चिड़िया के लोगन के जगह कुत्ता के लोगो लगा देलें। ओहिजा अब ट्विटर वेरिफाइड अपना द्वारा कइल गइल सब सत्यापित खातन के अनफॉलो कs देले बा, अब ट्विटर वेरिफाइड केहूओ के फॉलो नइखे कर रहल।

ट्विटर पहिले लगभग 420,000 सत्यापित खातन के फॉलो कइले रहे। ओहिजा ट्विटर ब्लू पॉलिसी ले आवे के बाद कंपनी एक अप्रिल से सब सत्यापित खातन के बंद करे आ इहां तक कि ओह लोगन खातिर चेकमार्क (ब्लू टिक) हटावे के चेतावनी देले रहे। एलन मस्क साफ कs देले रहस कि जेकरा लगे ट्विटर ब्लू सदस्यता ना होई ओकरा अकाउंट से ब्लू टिक हटा दिहल जाई। बाकिर अब जब ट्विटर सभे के अनफॉलो कs दिहल गइल रहे तs ई साफ नइखे हो पाइल कि ट्विटर वेरिफाइड उनका के फॉलो करत बा कि ना।

बता दीं कि अभी तक कवनो सेलिब्रिटी, सरकारी संस्थान भा जानल- पहचानल चेहरा के ब्लू टिक मिलत रहे। हालांकि अब मस्क के सब्सक्रिप्शन प्लान के तहत केहूओ हर महीना भुगतान कs के ब्लू टिक ले सकत बा। संगही ब्लू टिक यूजर्स के कुछ अतिरिक्त सुविधो मिली, जइसे ट्वीट के कैरेक्टर लिमिट बढ़ जाई। संगही ट्वीट में एडिट भा अनडू के विकल्प मिली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]