[the_ad_group id="30365"]

तुर्की के कूड़ा बिने वाला लो बेकार पड़ल किताबन से बनवले एगो लाइब्रेरी 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अंकारा में एगो पुस्तकालय बा जवन पूरा तरीका से ओह किताबन से बनल बा जवन पढ़े से नफरत करे वाला (या प्रकाशन में काम करे वाला) लोग के फेंकल बा। जब तुर्की के कचरा संग्रह करे वालन के अधिका से अधिका फेंकल किताब मिले लागल तs ऊ लोग तय कइल कि ओह किताबन के एगो परित्यक्त ईंट के कारखाना में व्यवस्थित कइल सुरू कs दिहल जाव – आ देखते देखते एगो पुस्तकालय के जनम हो गइल।

पहिले तs फालतू किताब दोस्तन आ परिवार के उधार दिहल जात रहे बाकिर जइसे-जइसे लाइब्रेरी के लोकप्रियता बढ़ल, कूड़ा उठावे वाला लोग जनता खातिर चीजन के खोल दिहल, जे लोग भी किताब दान करे लागल। 6,000 से अधिका किताबन के संग्रह के साथ स्थानीय नगरपालिका कंकाया के बजट में एगो पूर्णकालिक पुस्तकालय कर्मचारी खातिर जगह मिलल, आ एगो कचरा ट्रक के मोबाइल लाइब्रेरी में बदल दिहले बा जवन दान ट्रक के रूप मे काम भी करेला।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]