[the_ad_group id="30365"]

मासूम पs बरसल ट्यूशन टीचर के कहर, बांस से तबले पीटलस जबले हाथ सूज ना गइल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

नवी मुंबई में एगो दिल दहला देवे वाली घटना घटल बा। इहां एगो शिक्षक एगो छात्रा के बांस के कोड़ा मारल गईल। तबले मरलस जबले छात्रा के हाथ से खून ना आ गईल। एs घटना से इलाका में हड़कंप मच गईल बा। छात्रा के अभिभावक ए शिक्षक के गिरफ्तारी के मांग करतारे।

गणित के होमवर्क गलत भइल तsपीट दिहलस

कक्षा 9 के छात्रा घनसोली सेक्टर-5 में स्थित एगो निजी ट्यूशन क्लास में पढ़त रहली। ट्यूशन टीचर शकीला अंसारी छात्रन के होमवर्क देले रहली।कुछ विद्यार्थी होमवर्क पूरा ना कइले रहले तs कुछ गलत जवाब लिखले रहले। गलत जवाब लिखे वाला छात्रन में समृद्धि के नाम भी शामिल रहे। उs गणित के जवाब गलत लिखले रहली, एही कारण से मास्टर साहेब शकीला छात्रा के लकड़ी के डंडा से मार देली, जवना के चलते उनुका देह पs बहुत जगह सूजन आ गइल।

डंडा के निशान देख के माता-पिता हो गईले नाराज

घर पहुंचला के बाद छात्रा आपन परिवार के इs बात बतवली। छात्रा के शरीर पs डंडा के निशान देख के अभिभावक खिसिया गईले अवुरी शिक्षक शकीला अंसारी के खिलाफ कोपर खैरने थाना में शिकायत दर्ज करवले। पुलिस मामिला दर्ज कs के आगे के छानबीन में जुटल बिया।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]