Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP Nikay Chunav: निकाय चुनाव के पहिला चरण खातिर प्रचार थमल, मतदान काल्ह; आज रवाना होई पोलिंग पार्टी

पहिला चरण के चुनाव खातिर 7368 मतदान केंद्र आ 23626 मतदान स्थल बनावल गइल बा। चुनाव के निगरानी खातिर जिलन में तैनात कइल गइल प्रेक्षकन के स्वतंत्र आ निष्पक्ष चुनाव खातिर ठोस डेग उठावे के निरदेस दिहल गइल बा।

844

नगरीय निकाय चुनाव के पहिला चरण खातिर चुनाव प्रचार के शोर मंगर के सांझ छव बजे थम गइल। पहिला चरण के मतदान चार मई के होई, जवना खातिर बुध के पोलिंग पार्टियन के रवाना कइल जाई। पहिला चरण में प्रदेश के नौ मंडलन के 37 जिलन में 10 नगर निगमन, 104 नगर पालिका परिषदन आ 276 नगर पंचायतन के चुनाव होई।

सब दल प्रचार में झोंकली सs ताकत

पहिला चरण के चुनाव प्रचार के अंतिम दिन सब राजनीतिक दल मतदाता लोगन के आकर्षित करे खातिर पूरा ताकत झोंकल। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ प्रयागराज, झांसी आ लखनऊ तs उप मुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य प्रयागराज, श्रावस्ती आ गोंडा में भाजपा प्रत्याशियन के समर्थन में जनसभा के संबोधित कइलें।

सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव सहारनपुर में जनसभा कइलें आ पार्टी प्रत्याशियन खातिर जनसमर्थन जुटवलें। कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष बृजलाल खाबरी झांसी, प्रांतीय अध्यक्ष नसीमुद्दीन सिद्दीकी मुरादाबाद, नकुल दुबे लखनऊ, अजय राय वाराणसी में पार्टी प्रत्याशियन के प्रचार कइलें।

2.4 करोड़ मतदाता करी लो मतदान

राज्य निर्वाचन आयुक्त मनोज कुमार बतवलें कि पहिला चरण में कुल 2.4 करोड़ मतदाता अपना मताधिकार के प्रयोग करी लो। ई मतदाता 10 नगर निगमन के महापौर आ 820 पार्षद प्रत्याशियन, 103 नगर पालिका परिषदन के अध्यक्ष आ 2,740 सदस्य आउर 275 नगर पंचायतन के अध्यक्ष सहित 3,645 सदस्य उम्मीदवारन के भाग्य के फैसला करी लो। गौर करे वाला बात बा कि पहिला चरण में एगो नगर पालिका परिषद अध्यक्ष आ एगो नगर पंचायत अध्यक्ष समेत कुल 86 प्रत्याशी निर्विरोध निर्वाचित हो चुकल बा लो।

23,626 मतदान स्थलन पs को पड़ी वोट

पहिला चरण के चुनाव खातिर 7,368 मतदान केंद्र आ 23,626 मतदान स्थल बनावल गइल बा। चुनाव के निगरानी खातिर जिलन में तैनात कइल गइल प्रेक्षकन के स्वतंत्र आ निष्पक्ष चुनाव खातिर ठोस डेग उठावे के निरदेस दिहल गइल बा। अव्यवस्था फइलावे के कोसिस करे वाला लोगन के चिह्नित कs के उनका खिलाफ कड़ा कार्रवाई करे खातिर कहल गइल बा।

एह नौ मंडलन में होई चुनाव

पहिला चरण में जवन मंडलन में चुनाव होई, ओमे सहारनपुर, मुरादाबाद, आगरा, झांसी, प्रयागराज, लखनऊ, देवीपाटन, गोरखपुर आ वाराणसी मंडल सामिल बा।

एह 37 जिलन में होई मतदान

पहिला चरण में शामली, मुजफ्फरनगर, सहारनपुर, बिजनौर, अमरोहा, मुरादाबाद, रामपुर, संभल, आगरा, फिरोजाबाद, मथुरा, मैनपुरी, झांसी, जालौन, ललितपुर, कौशांबी, प्रयागराज, फतेहपुर, प्रतापगढ़, उन्नाव, हरदोई, लखनऊ, रायबरेली, सीतापुर, लखीमपुर खीरी, गोंडा, बहराइच, बलरामपुर, श्रावस्ती, गोरखपुर, देवरिया, महाराजगंज, कुशीनगर, गाजीपुर, वाराणसी, चंदौली आ जौनपुर जिलन में चुनाव होई।

पहिला चरण : एक नजर में

  • कुल मतदाता – 2.40 करोड़
  • पुरुष मतदाता – 1.27 करोड़
  • महिला मतदाता – 1.12 करोड़
  • कुल 7,368 मतदान केंद्र आ 23,626 मतदान स्थल
  • नगर निगमन खातिर 2,658 मतदान केंद्र आ 9,699 मतदान स्थल
  • नगर पालिका परिषदन खातिर 2,566 मतदान केंद्र आ 8,214 मतदान स्थल
  • नगर पंचायतन खातिर 2,144 मतदान केंद्र आ 5,713 मतदान स्थल।

साभार: दैनिक जागरण

535170cookie-checkUP Nikay Chunav: निकाय चुनाव के पहिला चरण खातिर प्रचार थमल, मतदान काल्ह; आज रवाना होई पोलिंग पार्टी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.