[the_ad_group id="30365"]

मुजफ्फरपुर में ट्रक तीन लोगन के रउदलस, मौत: ट्रक तरबूज दुकानदार आ खरीदारन के कुचललस, आक्रोशि लोग रोड पs कइल आगजनी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुजफ्फरपुर-छपरा मुख्य मार्ग में बुध के भीषण सड़क हादसा भइल। एमे तीन लोगन के मौत हो गइल। जबकि, करीब 6 लोग घायल हो गइल। घायलन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। ममिला जिला के सरैया थाना क्षेत्र के रेवा घाट के लगे के हs। इहां सड़क किनारे कुछ लोग तरबूज के दुकान लगा के रखले रहे लो आ एही बीच ई हादसा भइल।

मृतकन के पहचान अब तक नइखे भइल। स्थानीय लोगन के मुताबिक, मृतकन दु लोग स्थानीय बा। एगो आउर दूसरका जगह के हs। सभे के पहचान कइल जा रहल बा। एने, घटना के सूचना लोग सरैया थाना के पुलिस के देलस। सूचना पs पहुंचल सरैया पुलिस घटनास्थल के जांच कइलस। शव के पोस्टमाॅर्टम खातिर एसकेएमसीएच भेज दिहल गइल बा।

ओहिजा, घटना से आक्रोशित लोग सड़क पूरा तरे जाम कs दिहल। बांस बल्ला आ चौकी लगाके हंगामा कइल। रोड पs आगजनियो कइल गइल। एह दौरान मवका पs अफरातफरी के इस्थिति बन गइल। स्थानीय लोगन के मानल जाव तs सड़क किनारे लोग अपना खेतन से तरबूज ले आवे ला आ सड़क किनारे धs के बेचेला।

इहां से गुजरे वाला राहगीर ओह लोगन से तरबूज किनेला। एही दौरान घटना हो गइल। ममिला में सरैया एसडीपीओ कुमार चंदन कहलें कि एगो अनियंत्रित ट्रक से सड़क दुर्घटना हो गइल। तीन लोगन के मौत हो गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]