जनवरी में घूमे के 6 बेहतरीन जगहा, ईहां सानदार सफर के साथे मिली यादगार एक्सपीरियंस

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 4, 2024

  जनवरी के यात्रा स्थल : यात्रा के शौकीन अधिकांश लोग साल के शुरुआत यात्रा से कईल पसंद करेले। अइसना में लोग अक्सर जनवरी के सबसे बढ़िया यात्रा के जगह के तलाश करेला। हालांकि जनवरी

Share

 

जनवरी के यात्रा स्थल : यात्रा के शौकीन अधिकांश लोग साल के शुरुआत यात्रा से कईल पसंद करेले। अइसना में लोग अक्सर जनवरी के सबसे बढ़िया यात्रा के जगह के तलाश करेला। हालांकि जनवरी में देश के कईगो अद्भुत गंतव्य के खोज कs सकेनी, लेकिन जनवरी में देश के कुछ जगहन के दौरा जीवन भर खातिर यादगार अनुभव साबित हो सकेला। आई जानल जाव, जनवरी में घूमे खातिर कुछ बेहतरीन जगहन के नाव जवना के घूम के रउआ आपन सफर यादगार बना सकेनी।

१-चंबा, हिमाचल प्रदेश 

जाड़ा में लोग अक्सर हिमाचल प्रदेश के शिमला आ मनाली जइसन मशहूर जगहन पs घूमे के पसन्द करेला बाकिर जनवरी में चंबा के यात्रा रउरा यात्रा के यादगार बना सकेला। चम्बा में ट्रेकिंग करत घरी 100 साल पुरान भवन, कई गो मंदिर, मणिमहेश झील आ काला टॉप नेशनल पार्क भी देखे के मिलेला।

२-कलिमपोंग, पश्चिम बंगाल 

जनवरी में पश्चिम बंगाल के कलिमपोंग के दौरा एगो सही विकल्प साबित हो सकेला। सिलिगुड़ी कॉरिडोर से महज 70 किलोमीटर दूर स्थित कलिमपोंग में हिमाचल के बरफ से ढंकल खूबसूरत चोटी देखे के मिलेला। एकरा अलावा कलिमपोंग के मठ, शहर आ बाजार के भी एक्सप्लोर कs सकेनी।

३-खुजराहो, मध्य प्रदेश 

अगर रउरा जाड़ा में सामान्य तापमान वाला जगहन पs जाए के योजना बनावत बानी तs खुजराहो के दौरा रउरा खातिर सबसे बढ़िया हो सकेला। खुजराहो में भव्य मंदिर से लेके शानदार वास्तुकला आ सूर्यास्त के खूबसूरत नजारा तक के आनंद ले सकेनी।

४-जयपुर, राजस्थान

राजस्थान के राजधानी जयपुर भी जनवरी में घूमे खातिर सबसे बढ़िया जगह साबित हो सकेला। जयपुर में सिटी पैलेस, हवा महल, आमेर फोर्ट, नाहरगढ़ पहाड़ी आ जलमहल के दीदार करे के मिलेला। एकरा अलावे जयपुर के मशहूर राजस्थानी खाना के स्वाद लेके आप अपना सफर के चार चांद लगा सकतानी।

५-डॉकी, मेघालय

मेघालय में स्थित डॉकी पूर्वोत्तर के मशहूर यात्रा स्थल में से एगो हs। खासकर जनवरी में डॉकी के खूबसूरती अउरी सामने आवेला। डॉकी से ना खाली बांग्लादेश के सीमा देखे के मिलेला, बलुक नदी, झरना, पहाड़ आ जंगल के दौरा करके भी आपन सफर यादगार बना सकेनी।

६-मदुरै, तमिलनाडु 

मदुरै के तमिलनाडु के मशहूर पर्यटन स्थल में गिनल जाला, लेकिन जनवरी के मदुरै घूमे खातिर सबसे बढ़िया समय मानल जाला। जनवरी में रउरा एहिजा मशहूर मामाल्लापुरम फेस्टिवल के आनंद ले सकेनी। साथ ही मीनाक्षी मंदिर के फ्लोट फेस्टिवल में भाग लेके रउआ आपन सफर के खास आ यादगार बना सकेनी।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.