[the_ad_group id="30365"]

3 आईएएस आ 14 बिहार प्रशासनिक सेवा के अफसरन के तबादला, 17 जिलन में नाया डीडीसी के तैनाती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

डीसी के पद पs पदस्थापित भारतीय प्रशासनिक सेवा के तीन गो अधिकारी बदल गइल बा लो। ए लो के एक जिला से दूसरा जिला के डीडीसी बनावल गइल बा। ओहिजा बिहार प्रशासनिक सेवा के 14 अफसरन के तैनाती उप विकास आयुक्त (डीडीसी) के पद पर कइल गइल बा। एकरा अलावे सूचना आ जनसंपर्क निदेशक अमित कुमार के प्रबंध निदेशक, बिहार संवाद समिति आ अपर सचिव सूचना आ जनसंपर्क विभाग के पद के अतिरिक्त प्रभार दिहल गइल बा।

सा मान्य प्रशासन विभाग द्वारा जारी अधिसूचना के मोताबिक दरभंगा के डीडीसी तनय सुल्तानिया के पटना, शिवहर के डीडीसी विनोद दूहन के गया आ अरवल के डीडीसी अम्रिषा बैंस के दरभंगा के नाया डीडीसी बनावल गइल बा।

बिप्रसे के अधिकारी आ बीपीएससी में उप सचिव नैयर एकबाल के नवादा, डीटीओ नवादा अभयेन्द्र मोहन सिंह के औरंगाबाद, सुधीर कुमार के लखीसराय, परितोष कुमार के जहानाबाद, खान एवं भूतत्व विभाग में उप सचिव चित्रगुप्त कुमार के वैशाली, मंत्री श्रवण कुमार के आप्त सचिव कौशलेन्द्र कुमार के बांका, मंत्रिमंडल सचिवालय में उप सचिव महेन्द्र पाल के बक्सर, मानवाधिकार आयोग में उप सचिव डॉ. गजेन्द्र कुमार सिंह के कैमूर, पूर्वी चंपारण में तैनात शशि शेखर चौधरी के जमुई, औरंगाबाद में पदस्थापित संतोष कुमार के खगड़िया, दरभंगा में तैनात अखिलेश कुमार सिंह के समस्तीपुर, सारण में तैनात रविन्द्र कुमार के अरवल, सामान्य प्रशासन में रहल सुधांशु कुमार सिंह के शिवहर आ पटना में तैनात रहल अरुण कुमार झा के शेखपुरा के डीडीसी बनावल गइल बा।

ओहिजा बिप्रसे अधिकारी संजय कुमार, सत्येन्द्र कुमार सिंह आ  सुमन कुमार जे क्रमश: समस्तीपुर, शेखपुरा आ गया के डीडीसी रहे लो, ओह लो के सामान्य प्रशासन विभाग में पदस्थापना खातिर प्रतीक्षा में राखल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]