[the_ad_group id="30365"]

UP में फेरु चली तबादला एक्सप्रेस, 3 IPS भइले इधर से उधर, विनीत जायसवाल के ट्रांसफर निरस्त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

लखनऊ : उत्तर प्रदेश में कानून व्यवस्था कायम राखे के चक्कर में योगी सरकार लगातार आईपीएस अधिकारी के तबादला करतिया। सोमार के दिने एक बेर फेर से 3 गो आईपीएस अधिकारी के तबादला हो गइल बा। एकरा संगे आईपीएस विनीत जायसवाल के तबादला रद्द क दिहल गईल बा। अब अनिल कुमार द्वितीय के चंदौली के एसपी बनावल गइल बा। बता दीं कि हालही में राज्य में 14 गो आईपीएस अधिकारी के तबादला हो गइल, जवना में 10 गो जिला के कप्तान बदल गइल।

आईपीएस के डॉ के एजिलरसन के वाराणसी के संयुक्त पुलिस आयुक्त बनावल गइल बा। डॉ. के एजिलरसन फिलहाल पुलिस महानिरीक्षक, यूपी 112, लखनऊ के जिम्मेदारी संभालत रहले। एकरा संगे मीनाक्षी कात्यायन के भी तबादला हो गईल बा, उनुका के भदोही जिला के पुलिस अधीक्षक बनावल गईल बा। आईपीएस मीनाक्षी कात्यायन फिलहाल पुलिस उपायुक्त गौतम बुध नगर के प्रभार संभालत रहले।

एकरा अलावे आईपीएस अधिकारी विनीत कुमार के तबादला रद्द क दिहल गईल बा। हाल ही में 14 आईपीएस के ट्रांसफर में विनीत कुमार के नाम भी शामिल भईल रहे। विनीत कुमार के चंदौली के एसपी बनावल गइल बाकिर अब कवनो कारण से उनकर तबादला रद्द हो गइल बा। आईपीएस विनीत कुमार फिलहाल लखनऊ के पुलिस उपायुक्त के पद पs तैनात बाड़े। अब उनुका जगहा अनिल कुमार द्वितीय के चंदौली के कप्तान बनावल गइल बा। अनिल कुमार भदोही के एसपी के पद पs तैनात रहले।

 

 

 

 

TAGS:, ,

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]