[the_ad_group id="30365"]

सीवान रेलवे स्टेशन से होके गुजरे वाला ट्रेन प्रभावित: छपरा रेलवे जंक्शन पs यार्ड रिमॉडलिंग काम के लेके 26 अक्टूबर तक बदलाव, कुछ ट्रेन रद्द

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा रेलवे जंक्शन पs यार्ड रिमॉडलिंग काम के लेके सीवान रेलवे स्टेशन से होके गुजरे वाली कइयन ट्रेन प्रभावित भइल बा।  कइयन ट्रेनन के रद्द कइल गइल बा। कइयन के रि-शिड्यूलिंग, शॉर्ट टर्मिनेशन/शॉर्ट ओरिजिनेशन आ नियंत्रण कs के चलावल जाई। यार्ड रिमॉडलिंग काम में सिवान छपरा के बीच ट्रेन रूट ब्लॉक रही। 6 अक्टूबर से लेके 28 अक्टूबर तक ट्रेन प्रभावित रही। ई सारा जानकारी पूर्वोत्तर रेलवे के जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार देलें।

एह ट्रेनन के कइल गइल रद्द

  • छपरा-नौतनवा-छपरा एक्सप्रेस 15105/15106, ई ट्रेन 28 अक्टूबर, 2023 तक निरस्त रही।

री-शेड्यूल ट्रेन

  • छपरा-सीवान अनारक्षित विशेष गाड़ी संख्या 05145 छपरा से 60 मिनट के देरी से रि-शिड्यूल कs के चलावल जाई।

शॉर्ट ओरिजिनेशन/शॉर्ट टर्मिनेशन

  • छपरा-मथुरा एक्सप्रेस गाड़ी संख्या 22531। ई 06, 09, 11, 13, 16, 18, 20, 23, 25 आ 27 अक्टूबर 2023 के सीवान रेलवे स्टेशन से चलावल जाई आ छपरा-सीवान के मध्य निरस्त रही। एकरा अलावे 22532 मथुरा-छपरा एक्सप्रेस छपरा तक चलावल जाई।
  • छपरा-लोकमान्य तिलक टर्मिनस एक्सप्रेस 11060। ई 07, 09, 12, 14, 16, 19, 21, 23, 26 आ 29 अक्टूबर 2023 के सीवान रेलवे स्टेशन से चलावल जाई। गाड़ी छपरा-सीवान के मध्य निरस्त रही आ 11059 लोकमान्य तिलक टर्मिनस-छपरा एक्सप्रेस छपरा तक चलावल जाई।

एकरा के नियंत्रित कइल जाई 

  • ग्वालियर-बरौनी एक्सप्रेस गाड़ी संख्या 11123 ब्लॉक अवधि में मार्ग में 45 मिनट नियंत्रित कs
  • के चलावल जाई।
  • अमृतसर-न्यू जलपाई गुड़ी विशेष गाड़ी संख्या 04654 ब्लॉक अवधि में मार्ग में 15 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
  • सीवान-छपरा अनारक्षित विशेष गाड़ी संख्या 05146 ब्लॉक अवधि में मार्ग में 25 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
  • लोकमान्य तिलक टर्मिनस-छपरा एक्सप्रेस गाड़ी संख्या15102 ब्लॉक अवधि में आवश्यकतानुसार नियंत्रित कs के चलावल जाई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]