[the_ad_group id="30365"]

ट्रेन अपडेट : सिवान-पटना इंटरसिटी एक्सप्रेस चलावे के फैसला, समय सारिणी जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

बिहार के सिवान से पटना आवे जाए वाला यात्रियन के अब बहुत सुविधा मिले वाला बा। अब रेलवे दुनो शहर के बीच ट्रेन चलावे के फैसला कईले बिया। सिवान-पटना के बीच एगो जोड़ी नया ट्रेन चलावल जा रहल बा।

रेलवे के ई फैसला यात्रियन खातिर राहत के खबर बा। एह ट्रेन के शुरुआत से सिवान के संगे छपरा के लोग के पहुंचल आसान हो जाई। संगही समय बहुत कम होई अवुरी यात्री बिना ट्रेन बदलले सीधा सिवान से पटना अवुरी पटना से सिवान जाए के मौका मिली।

पटना से 9:45 बजे खुली

पूर्व मध्य रेलवे हाजीपुर के चिट्ठी के मुताबिक, सिवान-पटना के बीच चले वाली इंटरसिटी एक्सप्रेस पटना रेलवे स्टेशन से सुबह 9:45 बजे शुरू होई, जवन कि 1:15 बजे सिवान जंक्शन पहुंची। दूसर ओर सिवान जंक्शन से निकले वाली इंटरसिटी एक्सप्रेस दुपहरिया 2 बजे खुलला के बाद 17:50 बजे पटना पहुंची। एकरा संगे-संगे जीएम के चिट्ठी भेजल गईल बा, जवना तारीख से ट्रेन पटरी पे चले लागी। अनुमान बा कि 1 से 2 सप्ताह के भीतर इ ट्रेन चले लागी।

पुरान मांग

सिवान के लोग बहुत दिन से सिवान से सीधा पटना ट्रेन चलावे के मांग करत रहले। कई बेर स्थानीय जनता के संगे जनप्रतिनिधि भी एकरा के लेके धरना देले। इहाँ तक कि सदन में एकर मांग कई बेर उठल। एकरा बाद जनता के सुविधा के देखत रेलवे ट्रेन चलावे के फैसला कईले बिया अवुरी समय सारिणी जारी क देले बिया। रेलवे जनसंपर्क अधिकारी अशोक कुमार बतवले कि सभ तैयारी पूरा हो चुकल बा। पूर्व मध्य रेलवे जीएम के चिट्ठी भेजले बा। जीएम से अनुमति मिलला के बाद इ ट्रेन पटरी पे चले लागी अवुरी यात्री ए इंटरसिटी ट्रेन से यात्रा शुरू क दिहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]