[the_ad_group id="30365"]

Nepal-India Train : भारत आ नेपाल के बीच रेल परिचालन सुरू, जानीं- रूट आ किराया…

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Nepal-India Train : भारत आ नेपाल के बीच रेल परिचालन सुरू

Nepal-India Train Started : भारत आ नेपाल के बीच बेटी- रोटी के संबंध बतावल जाला। अब एकरा के आउर मजबूती प्रदान कs दिहल गइल बा। दरअसल, दुनो देसन के जोड़े वाली जयनगर-बिजलपुरा-बरदीबास रेल लाइन पs ट्रेन दउरे लागल बाड़ी सs।

बीतल अतवार रेल लाइन के एगो खंड के परिचालन सुरू हो गइल बा। एकरा बाद अब नेपाल इंडिया दुनों देसन के बीच लोगन के आवाजाही में बढ़न्ती देखल जाई। एकर सुरुआत नेपाल के परिवहन मंत्री प्रकाश ज्वाला बिजलपुरा में सीमा पार रेल लाइन के कुर्था-बिजलपुरा खंड पs कइलें। एकरा बाद बॉर्डर पs बसल लोगन के आवे जाये में सुविधा होई आ पर्यटन के बढ़ावा मिली।

कुर्था-बिजलपुरा लाइन के कुल लंबाई 17.3KM

बता दीं कि कुर्था-बिजलपुरा लाइन के कुल लंबाई 17.3 किलोमीटर बा आ एह खंड पs पांच स्टेशन कुर्था, पिपरादी, लोहारपट्टी, सिंग्याही आ बिजलपुरा बा। विज्ञप्ति में कहल गइल बा कि एह रेल लाइन के तइयार करे में भारत सरकार 783.83 करोड रूपिया के अनुदान राशि देले बिया। बता दीं कि जयनगर बिजलपूरा बरदीबास सीमा पार रेल लाइन के 68.7 किलोमीटर लाइन एह प्रोजेक्ट के दूसरका चरण के तहत तइयार कइल गइल बा।

दुनो देसन के बीच रिश्ता होई मजबूत

एह परियोजना के कार्यान्वयन से नेपाल के नया क्षेत्रन में विश्वसनीय, किफायती आ तेज परिवहन आई। ई परियोजना वर्तमान में नेपाल में भारत द्वारा कार्यान्वित कइल जा रहल बा। कनेक्टिविटी परियोजनन के श्रृंखला के एगो तत्व हs। एसे भारत आ नेपाल के बीच भौतिक कनेक्टिविटी बढ़ी, जवन भारत सरकार के नेबरहुड फर्स्ट नीति के एगो महत्वपूर्ण तत्व हs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]