Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Train Cancelled: यूपी-बिहार के ए रूट के कई गो ट्रेन 9 मई ले रही रद्द, इहा देखी लिस्ट

पूर्वोत्तर रेलवे समाचार : पूर्वोत्तर रेलवे के गोरखपुर कैंट स्टेशन पे इंजीनियरिंग के काम होखे वाला बा। जवना के देखत ए रूट से गुजरे वाली बहुत ट्रेन के संचालन प्रभावित होई। अगर आवे वाला दिन में एह रूट से गुजरत ट्रेन में यात्रा करे वाला बानी त इहाँ ओह ट्रेनन के लिस्ट दिहल गइल बा जवन ब्लॉक के चलते प्रभावित होई।

148

रेलवे यात्रियन के सुविधा के ध्यान में राखत नया बदलाव करेले। खास मौका पे स्पेशल ट्रेन चलावे से लेके बहुत ट्रेन के फ्रीक्वेंसी बढ़ावे तक के कदम उठावल जाला। एकरा संगे विकास के काम के देखत ट्रेन के रूट अवुरी डायवर्सन में भी बदलाव कईल जाता। एह क्रम में पूर्वोत्तर रेलवे के गोरखपुर कैंट स्टेशन पे इंजीनियरिंग के काम होखे वाला बा। जवना के देखत रेलवे के इंजीनियरिंग विभाग ब्लॉक ले रहल बा। ब्लॉक के चलते ए रूट से गुजरे वाली बहुत ट्रेन के संचालन प्रभावित होई। अगर आवे वाला दिन में रउरा एह रूट से गुजरे वाली ट्रेनन में यात्रा करे वाला बानी त ई खबर रउरा खातिर काम के बा। हमनी के ओह सब ट्रेन के लिस्ट दे रहल बानी जा जवन ब्लॉक के चलते प्रभावित होई।

 

रद्द भइल ट्रेनन के सूची दिहल बा

• गोरखपुर आ छपरा से चले वाली ट्रेन नंबर 05156/05155 गोरखपुर-छपरा-गोरखपुर के अनारक्षित विशेष ट्रेन 09 मई 2023 तक रद्द रही।

• वाराणसी सिटी से चले वाली ट्रेन नंबर 15130 वाराणसी सिटी-गोरखपुर एक्सप्रेस 07 से 09 मई, 2023 तक रद्द रही।

• गोरखपुर से चले वाली ट्रेन नंबर 15129 गोरखपुर-वाराणसी सिटी एक्सप्रेस 08 आ 09 मई 2023 के रद्द रही।

• वाराणसी सिटी से चले वाली ट्रेन नंबर 15132 वाराणसी सिटी-गोरखपुर एक्सप्रेस 07 आ 08 मई 2023 के रद्द रही।

• गोरखपुर से चले वाली ट्रेन नंबर 15131 गोरखपुर-वाराणसी सिटी एक्सप्रेस 07 से 09 मई, 2023 तक रद्द रही।

• गोरखपुर आ गोंडा से चले वाली ट्रेन नंबर 05447/05448 गोरखपुर-गोंडा-गोरखपुर अआरक्षित विशेष ट्रेन 06 मई से 09 मई, 2023 तक रद्द रही।

• गोरखपुर आ गोंडा से चले वाली ट्रेन नंबर 05031/05032 गोरखपुर-गोंडा-गोरखपुर अआरक्षित विशेष ट्रेन 09 मई 2023 तक रद्द रही।

• गोरखपुर आ गोंडा से चले वाली ट्रेन नंबर 05031/05032 गोरखपुर-गोंडा-गोरखपुर अआरक्षित विशेष ट्रेन 09 मई 2023 तक रद्द रही।

• प्रयागराज रामबाग आ मुजफ्फरपुर से चले वाली ट्रेन नंबर 12538 / 12537 प्रयागराज रामबाग-मुजफ्फरपुर-प्रयागराज रामबाग एक्सप्रेस 08 मई 2023 के रद्द कर दिहल जाई।

 

 

 

538970cookie-checkTrain Cancelled: यूपी-बिहार के ए रूट के कई गो ट्रेन 9 मई ले रही रद्द, इहा देखी लिस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.