[the_ad_group id="30365"]

महंगा रिचार्ज से छुटकारा! TRAI खोजलस नया फॉर्मूला, Airtel Jio Vi प्लान के कीमत हो जाई आधा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Airtel आ Jio के कीमत में लगातार इजाफा हो रहल बा। हाले में एयरटेल के तरफ से 99 रुपिया वाला सबसे सस्ता रिचार्ज प्लान के बंद कs दिहल गइल बा। अइसन में एयरटेल के सबसे सस्ता रिचार्ज प्लान 155 रुपिया में आवेला। महंगा होत रिचार्ज प्लान से छुटकारा देवे खातिर सरकार के तरफ से खास प्लान पेश कइल जा सकत बा।

रिचार्ज के कीमत हो जाई आधा

ET के रिपोर्ट के मोताबिक टेलिकॉम रेग्युलेटरी अथॉरिटी ऑफ इंडिया (TRAI) के तरफ से ड्यूल सिम रखे वाला खातिर खाली इनकमिंग आ SMS ओनली प्लान लॉन्च कइल जा सकत बा। मतलब एह प्लान में खाली इनकमिंग कॉल आ SMS के सुविधा मिली। ई ओह यूजर्स खातिर बेस्ट होई, जे ड्यूल सिम के एक्टिवेट रखल चाहत बा। एकरा से दुसरका सिम के रिचार्ज आधा हो जाई।

ड्यूल सिम रखे वालन के मौज

हालांकि सरकार के एह प्लान के टेलिकॉम प्लेयर पसंद नइखी करत सs। हालांकि सरकार के मानल बा कि मवजूदा वक्त में एगो बड़ आबादी अफोर्डेबल प्राइस में मोबाइल टैरिफ के सुविधा के लुत्फ नइखे उठा पा रहल। अइसन में सरकार के ओर से टेलिकॉम कंपनियन के सामने कम कीमत में इनकमिंग कॉल आ SMS ओनली प्लान के विचार पेश कइल गइल बा। एसे नया यूजर्स के जोड़े में मदद मिली। इनकमिंग कॉलिंग आ SMS ओनली पैक के कीमत रेगुलर प्लान से आधा से कम हो सकत बा।

टेलिकॉम कंपनियन के पसंद नइखे आ रहल प्लान

टेलिकॉम प्लेयर जइसे जियो, एयरटेल आ वोडाफोन-आइडिया के कहनाम बा कि एह तरह के प्लान से एवरेज रेवेन्यू पs यूजर माने ARPU के बढ़ावे में मदद ना मिली। टेलिकॉम फर्म के मोताबिक इनकमिंग होखे भा आउटगोइंग नेटवर्क के दुनो में इस्तेमाल होई। एसे टेलिकॉम सेक्टर के रिपोर्स के इस्तेमाल होई। जबकि एकरा बदले कमाई कम होई, जवन कि टेलिकॉम कंपनियन के नुकसान पहुंचा सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]