[the_ad_group id="30365"]

सब्जी पs पेशाब कsके बेचत रहे व्यापारी..कार में बइठल युवक बनवलें वीडियो, पुलिस पकड़लस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एगो सब्जी विक्रेता के कुछ लोग सब्जी लादल ठेला पर पेशाब करत पकड़ के पुलिस के सउप दिहल। पूरा मामला के वीडियो भी बना के वायरल कर दिहलस। एह मामला में हिंदू जागरण मंच के नेता कर्मचारी नगर रोड निवासी दुर्गेश कुमार गुप्ता के ओर से थाना प्रेमनगर में सब्जी विक्रेता के खिलाफ नामजद रिपोर्ट दर्ज करावल गइल बा।

पुलिस के पूछताछ कइले पs सब्जी विक्रेता बतवलें कि ऊ कई दिन से बीमार बानें। एहसे उनके जल्दी-जल्दी पेशाब आवsला। शुक्क के सब्जी बेचे जात समय रास्ता में पेशाब लागल त आसपास कौनो जगह न होखले पर उ ठेला के ओट में ही पेशाब कs लेत रहनें। पहिलहूँ ऊ अइसन कs चुकल बा।

दुर्गेश बतवलें के शुक्रवार अपरान्ह करीब तीन बजे थाना इज्जतनगर इलाका के गांव परतापुर निवासी सब्जी विक्रेता शरीफ खां जनकपुरी में फेरी लगा के सब्जी बेचत रहलें। पार्क के लग्गे से गुजरले पs उ ठेला रोक लिहलें। ई देखे खातिर कि केहू उनके देखत त नाइ बा, एन्ने-ओन्ने नजर दउड़वलें अउर फिर सब्जी लादल ठेला पर पेशाब कs देहलें।

कुछ दूर कार में बइठल लोग ई सब देखत रहलें। उ मोबाइल से एकर वीडियो बना लिहलें। पेशाब कइले के बाद शरीफ ठेला ले के आगे बढ़लें तो कार में बइठल लोग ने ओनके पकड़ लिहल। ई लोग ओके वीडियो बनावे के जानकारी दे के कड़ाई से पूछताछ कइलें त उ पेशाब करे के बात स्वीकार कर लिहलें।

एह बीच उहां भीड़ जमा हो गइल। लोग सब्जी विक्रेता के प्रेमनगर थाना पुलिस के हवाले कs दिहल। पुलिस उनसे पूछताछ कs रहल बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]