[the_ad_group id="30365"]

बदल रहल बा गोरखपुर: जगमग होई गोरखनाथ मंदिर, लागी तीन करोड़ के फसाड लाइट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गोरखनाथ मंदिर के सुंदरता रात में अउरी बढ़े जा रहल बा। पर्यटन विभाग तीन करोड़ रुपिया के लागत से गोरखनाथ मंदिर के फसाड लाइट लगा के रोशनी करे के तइयारी शुरू कs दिहले बा। पर्यटन विभाग धार्मिक पर्यटन के बढ़ावा देवे खातिर एह अभ्यास में लागल बा।एह क्रम में पर्यटन विभाग जिला के 10 से अधिका मंदिरन के भी सुंदर बनाई। एह कामन के मार्च ले पूरा करे के लक्ष्य राखल गइल बा।

पर्यटन विभाग धार्मिक पर्यटन के बढ़ावा देबे खातिर एगो अभ्यास शुरू कs दिहले बा। एकरा खातिर जिला के प्राचीन मंदिरन में पर्यटन सुविधा से जुड़ल काम कइल जाई। एहमें जिला कारागार में स्थित प्राचीन शिव मंदिर गोरखनाथ मंदिर समेत दर्जन भर मंदिर शामिल बा। एह सब प्रस्ताव के सरकार के मंजूरी मिल चुकल बा।

जवना योजना के मंजूरी मिलल बा ओकरा में सबसे प्रमुख बा गोरखनाथ मंदिर में तीन करोड़ रुपिया के लागत से फसाड लाइट लगावल जाइ। लक्ष्य बा कि मकर संक्रांति से पहिले एह काम के पूरा कइल जाव। एकरा अलावे पैसेंजर हॉल, स्टोन बेंच, टॉयलेट ब्लॉक, इंटरलॉकिंग आदि पर्यटन सुविधा से जुड़ल काम गांगुली टोला बशारतपुर में स्थित प्राचीन शिव मंदिर में 39 लाख रुपिया के लागत से कईल जाई।

घासीकटरा में स्थित कबीर आश्रम के जीर्णोंद्धार के काम के संगे 39 लाख रुपिया के लागत से टॉयलेट ब्लॉक के निर्माण होखे वाला बा। जिला कारागार में स्थित प्राचीन शिव मंदिर में संत निवास, यात्री निवास, स्टोन बेंच, बाउंड्रीवाल आदि के काम 72 लाख रुपिया से कईल जाई। मार्च 2024 तक ए सभ काम के पूरा करे के लक्ष्य तय कईल गईल बा। एकरा अलावे सिविल लाइन में गौरव संग्रहालय के बजट भी मंजूरी मिल गईल बा।

क्षेत्रीय पर्यटन अधिकारी रविन्द्र कुमार मिश्रा बतवले कि गोरखपुर जिला में धार्मिक पर्यटन के बढ़ावा देबे खातिर प्राचीन मंदिरन में पर्यटन सुविधा से जुड़ल प्रस्ताव के मंजूरी मिल गइल बा। एह सब काम के मार्च ले पूरा करे के लक्ष्य तय कइल गइल बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]