Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आईटी सेक्टर पs गहराइल मंदी के साया, Microsoft में होई 10 हजार से बेसी कर्मचारियन के छंटनी: रिपोर्ट

Microsoft Layoffs: वैश्विक मंदी के आशंका के बीच माइक्रोसॉफ्ट आज अपना कर्मचारियन के संख्या में कटौती के ऐलान कर सकत बा। रिपोर्ट के मोताबिक कंपनी आज 10000 से अधिक लोगन के नौकरी से निकाल सकत बिया।

1,019

Microsoft Layoffs: माइक्रोसाफ्ट आज हजारन कर्मचारियन के छंटनी कs सकत बिया। स्काई न्यूज के हवाला देत रॉयटर्स अपना एगो रिपोर्ट में बतवले बा कि नौकरियन में कटौती कइल जाई। सॉफ्टवेयर इंडस्ट्री के दिग्गज कंपनी अपना वर्क फोर्स के लगभग 5 प्रतिशत नौकरियन में कमी कर सकत बिया।

रिपोर्ट में दावा कइल गइल बा कि लगभग 10,000 लोगन के नौकरी से निकालल जा सकत बा। बुध के मानव संसाधन आ इंजीनियरिंग विभाग में हजारों नौकरिययन में कटौती के आशंका है। ई अमेरिकी प्रौद्योगिकी क्षेत्र में होखे वाला सबसे नया छंटनी होई। रउआ सभे के बता दीं कि Amazon.com आ Meta Platforms सहित कइयन गो जानल-मानाल कंपनी धीमा मांग आ बिगड़त वैश्विक आर्थिक परिवेश के बीच नौकरियन में छंटनी के घोषणा कइले बा।

बड़ी छंटनी के तयारी में माइक्रोसॉफ्ट

30 जून तक माइक्रोसॉफ्ट के लगे 221,000 पूर्णकालिक कर्मचारी रहे। जेमे 122,000 यूएसए में आ 99,000 अंतरराष्ट्रीय स्तर पs रहे। पर्सनल कम्प्यूटर बाजार में कइयन तिमाहियन के गिरावट के बाद कंपनी के कारोबार मंदा हो गइल बा। विंडोज आ आउर नया उपकरणन के बिक्री कम होखे के बाद Microsoft अपना क्लाउड इकाई एज़्योर पs फोकस कर रहल बा। मालूम होखे कि कंपनी पिछला साल जुलाई में कहले रहे कि कुछ रोल हमेशा खातिर समाप्त कs दिहल गइल बा। मीडिया रिपोर्ट में दावा कइल जा रहल बा कि माइक्रोसॉफ्ट 1,000 से कम कर्मचारियन वाला कइयन गो विभागन के शटडाउन कs देले बा।

तिमाही रिजल्ट से पहिले होई छंटनी

Microsoft 24 जनवरी के तिमाही परिणामन के रिपोर्ट जारी करी। माइक्रोसॉफ्ट के एह डेग से ई संकेत मिल सकत बा कि तकनीकी क्षेत्र में नौकरियन के कमी जारी रह सकत बा। Microsoft हाल के दिनन में मंदी के सामना करे वाली नया बड़ी टेक कंपनी बिया। Microsoft द्वारा हाले में नया असीमित टाइम ऑफ पॉलिसी लागू कइल गइल बा।

सीईओ सत्य नडेला देले रहस चेतावनी

माइक्रोसॉफ्ट के सीईओ सत्य नडेला टेक उद्योग के सामने संकट के जिकिर करत नौकरियन में कटौती के घोषणा कइलें। एगो साक्षात्कार में नडेला स्वीकार कइले रहस कि दुनिया भर में हो रहे तकनीकी बदलावन के असर Microsoft पs पड़ी। नडेला कहले कि अगिला दु साल शायद सबसे चुनौतीपूर्ण होखे जा रहल बा।

440700cookie-checkआईटी सेक्टर पs गहराइल मंदी के साया, Microsoft में होई 10 हजार से बेसी कर्मचारियन के छंटनी: रिपोर्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.