Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

206
  1. बिहार: बिहार में जातीय जनगणना के लेके बीजेपी के नीतीश सरकार के नसीहत, राजद-कांग्रेस पs  सधलस निशाना।
  2. कटिहार के रजिस्ट्रार के 5 ठिकानन पs निगरानी के छापा, किराया के मकान से 6 लाख कैश मिलल, आय से अधिका संपत्ति के ममिला में छापेमारी।
  3. उत्तर प्रदेश: हमार सीट आ नेम प्लेट कइसे ना लागल? अफसरन पs भड़कले भाजपा विधायक सत्यपाल सिंह राठौर।
  4. उत्तर प्रदेश: लोकसभा उपचुनाव- आजमगढ़ लोकसभा सीट से निरहुआ होइहे भाजपा के उम्मीदवार, रामपुर सीट से घनश्याम लोधी मैदान में।
  5. झारखंड: महुआ माजी के टिकट मिलला से नाराज कांग्रेस उनका जीत पs जश्न मनवलस, अदित्य साहू के निर्वाचन पs भाजपा में उत्सव।
  6. गीता प्रेस के मंच से बोलले राष्ट्रपति कोविन्द- पिछला जनम में कुछ अच्छा कइले होखेम जे एह कार्यक्रम के हिस्सा बनल बानी।
  7. कानपुर हिंसा: पुलिस के दावा- पश्चिम बंगाल से मिलल दंगा के कनेक्शन; चरमपंथी संगठन PFI के हाथ।
  8. सिद्धू मूसेवाला हत्याकांड: केंद्रीय गृह मंत्री से मिलल लो सिंगर के माई-बाबूजी, फुट-फुट के रोवल लो। कहल लो- सेंट्रल एजेंसी से जांच करी।
  9. कश्मीर में टारगेट किलिंग के बीचे सरकार के फसीला: 177 टीचर्स के जिला मुख्यालयन में ट्रान्सफर, सभे कश्मीरी पंडित।
  10. रूस-यूक्रेन जंग पs जयशंकर के यूरोप के फटकार: विदेश मंत्री कहले- आपके समस्या दुनिया के प्रॉब्लम ना; चीन के जबाब देवे में हमनी के सक्षम।
268460cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.