Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

182
  1. बिहार: पटना में गंगा स्नान के बेरा बड़ हादसा, चार गो जुवक नदी में डुबल लो, दु के शव बरामद, मचल कोहराम।
  2. बिहार: पटना के सड़कन पs साइकिल से निकलले मुख्यमंत्री के अपर सचिव, जनले शहर में हाल।
  3. उत्तर प्रदेश: अटकलन पs आजम खान लगवले विराम, बोलले- विधानसभा हमरा ला कवनो नाया जगे ना, जरूर जाएम।
  4. उत्तर प्रदेश: मायावती पेट्रोल-डीजल उत्पाद पs शुल्क घटवला पs केंद्र के तारीफ कइली, बोलली- राज्य सरकारो कम करे टैक्स।
  5. झारखंड: अवैध खनन के खिलाफ हजारीबाग में बड़ कारवाई… रुद गांव में रात भर छापेमारी… विस्फोटक बरामद।
  6. बंगाल में भाजपा के झटका; नाराज चल रहल सांसद अर्जुन सिंह तृणमूल में लवटले, 11 महीना में 5 बड़ नेता बीजेपी छोड़ल लो।
  7. असम में आगजनी पs पुलिस के जबाब: थाना फूंके आलन के घर गिरावल गइल, क्रिमिनल लो सबूत मेटावे ला लगवलस आग।
  8. इमरान भारत के सरहले, कहले- रूस से तेल किन के लोगन के राहत देलस, US के सोझा ना झुकल; मरियम बोलली ओहिजा चल जास।
  9. साउथ अफ्रीका से खेली यंग टीम इंडिया: स्पीडस्टार उमरान मलिक के मवका, हार्दिक आ कार्तिक के वापसी; राहुल कप्तानी करिहे।
  10. आईपीएल: आज पंजाब आ हैदराबाद के बीचे अंतिम लीग मैच।
255100cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.