- बिहार: सहरसा जेल पहुंचलें आनंद मोहन… सवालन पs हाथ जोड़लें; पैरोल सरेंडर कइलें, रिहाई के प्रोसेस सुरू, बिहान जेल से बाहर अइहें। डीएम के हत्या के दोषी सिद्ध भइला पs भइल रहे उम्रकैद के सजा।
- बिहार: 3522 खाली पदन पs पंचायत उपचुनाव के घोषणा, 25 मई के वोटिंग, 27 के काउंटिंग। 7 जिला परिषद सदस्य आ 50 मुखिया पद बा उपचुनाव में सामिल।
- उत्तर प्रदेश: 2 करोड़ छात्रन के होई परिषदीय स्कूलन में दाखिला, जिलाधिकारियन के दिहल गइल प्रचार प्रसार में तेजी ले आवे के निरदेस।
- उत्तर प्रदेश: का बदल गइल भाजपा? UP में उतरलस 395 मुस्लिम उम्मीदवार, नया MY फैक्टर के बा खूब चरचा। निकाय चुनाव में 4 आ 11 मई के होखे के बा चुनाव।
- झारखंड: अश्लील वायरल विडियो पs झारखंड के स्वास्थ मंत्री बन्ना गुप्ता के प्रेस कॉन्फ्रेंस; सरयू राय पs सधलें निशाना। कहलें, मरद बाड़ें तs सामने लड़स, बतावस उनका संगे रहे वाली महिला के हs। हम जांच खातिर तइयार, हो जाए दूध के दूध आ पानी के पानी।
- छत्तीसगढ़ में नक्सली हमला, 10 पुलिसकर्मी शहीद: गाड़ी के 50 किलो विस्फोटक से उड़ावल गइल, ड्राइवरो के मौत; सुरक्षाबलन के रेस्क्यू करे जात रहे लो। नक्सलियन के हमला खातिर चल रहल बा कैंपेन।
- पश्चिम बंगाल के कालियागंज में भीड़ पुलिस के पीटलस: थाना जरवलस, बचे खातिर पलंग के नीचे छिपल पुलिस कर्मियन के मरलस; धारा 144 लागू।
- ‘वन अर्थ, वन हेल्थ’ समिट में पीएम मोदी बोललें: दुनियाभर के लोगन तक हेल्थकेयर पहुंचावल हमनी के लक्ष्य; त्रिपुरा- सिक्किम के सीएम प्रोग्राम में भइल लोग सामिल।
- सूडान से अभी ले 561 भारतीय लोगन के निकालल गइल, जेद्दाह पहुंचल लो; एयरलिफ्ट कs के भारत ले आवल जाई; अभियो तीन हजार से जादे लोग बा फंसल।
- जंतर-मंतर पs रेसलर्स के धरना: केंद्र कहलस- ब्रजभूषण पs FIR से पहिले जांच जरूरी, प्रियंका गांधी बोलली- बहिन लोग रो रहल बा, आईं सभे साथ दिहल जाव। सुप्रीम कोर्ट में 28 अप्रिल के होई सुनवाई।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Apr 26, 2023
बिहार: सहरसा जेल पहुंचलें आनंद मोहन… सवालन पs हाथ जोड़लें; पैरोल सरेंडर कइलें, रिहाई के प्रोसेस सुरू, बिहान जेल से बाहर अइहें। डीएम के हत्या के दोषी सिद्ध भइला पs भइल रहे उम्रकैद के सजा।
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, breaking news, Breaking Updates, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, Top 10 news of evening, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






