Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

552
  1. बिहार: महिला खनन अधिकारी पs हमला… आरोपियन के परिवार थाना घेरलस; बिहटा पुलिस थाना के गेट पs लगवलस ताला, अभी ले 3 FIR, 44 गिरफ्तार।
  2. बिहार: थाना से 500 मीटर दूर 16 लाख के बैंक डकैती; जमुई में SBI में ग्राहक बनके घुसलें सs 5 बदमाश; स्टाफ, कस्टमर्स के गन पॉइंट पs लेले सs। बाइक से आइल रहलें सs अपराधी।
  3. उत्तर प्रदेश: शाइस्ता के तलाश में प्रयागराज में दबिश; गुड्डू मुस्लिम के घर पs चल सकत बा बुलडोजर; अतीक के धमकी भरल व्हाट्सएप चैट वायरल।
  4. उत्तर प्रदेश: ज्ञानवापी परिसर में मुस्लिम पक्ष मंगलस वजुस्थल आ टॉयलेट; सुप्रीम कोर्ट के आदेस पs वाराणसी डीएम पहुंचलें ज्ञानवापी; रिपोर्ट तइयार, SC कोर्ट में करिहें दाखिल।
  5. झारखंड: कोल्हान में ग्रामीणन के नक्सली कइलें सs आगाह; इलाका में बिछल बा बारूदी सुरंग, बुबी ट्रैप माइन आ स्पाइक होल, पुलिसिया कार्रवाई बंद होखते हटाएम सs।
  6. अजीत पवार ट्विटर अकाउंट से NCP के झंडा हटवलें: भाजपा के समर्थन देवे के अटकलन पs बोललें हम पूरा तरे NCP के संगे बानी आ रहेम।
  7. स्पाइसजेट के दिल्ली-श्रीनगर फ्लाइट के इमरजेंसी लैंडिंग: कार्गो फायर लाइट जरला के फॉल्स वार्निंग मिलल, 144 पैसेंजर्स के लेके बीच रास्ता से लवटल।
  8. देस में लगातार चउथा दिन कोरोना के डेली केस घटल: 24 घंटा में 7633 नया ममिला मिलल सामने आइल, 11 मौत; एक्टिव केस 61 हजार।
  9. चीन से लड़े खातिर ताइवान किनी 400 एंटी-शिप हारपून मिसाइल: ई जमीन से हमला करे में माहिर; अमेरिका से कइलस 96 हजार करोड़ रुपिया के डील।बोइंग कंपनी के दिहल गइल कॉन्ट्रैक्ट।
  10. कोहली-गांगुली एक-दूसरा के इंस्टाग्राम पs कइल लो अनफॉलो: RCB आ DC के बीच मैच के दौरान एक-दूसरा के कइले रहे लो इग्नोर। वीडियो भइल रहे वायरल।
520750cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.