Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

683
  1. बिहार: युटूबर आ पत्रकार मनीष कश्यप के पटना ले आवल गइल; EOU पूछी- समाज में अशांति फइलावे के पीछे मंशा का रहे, रिमांड पs लेवे के तइयारी। बेतिया में सबेरे मनीष के घरे कुर्की भइल, जवना के बाद ऊ सरेंडर कs देलें।
  2. बिहार: ओवैसी बोलले- नीतीश BJP के मजबूत कs रहल बाड़ें; पूर्णिया के रैली में कहलें- मु्ख्यमंत्री सभका के धोखा देलें, RJD हमनी के विधायकन के किनलस।
  3. उत्तर प्रदेश: कांग्रेस के पूर्व प्रदेश अध्यक्ष अजय लल्लू मानहानि ममिला में दोषी करार, एक साल के सजा। एकरा संगही 10 हजार के जुर्मनो लगावल गइल बा।
  4. उत्तर प्रदेश: बिजली कर्मचारियन के हड़ताल; सरकार सख्त, 22 कर्मचारी नेता लोगन पs लागल एस्मा, 1322 संविदा कर्मी बर्खास्त।
  5. झारखंड: झारखंड विधानसभा में गुंजल अवैध खनन के ममिला; सदन में विरंची नारायण कहलें- अवैध माइनिंग में हो रहल बा विस्फोटक दुरुपयोग, एनआईए से होखे के चाहीं एकर जांच।
  6. खालिस्तान समर्थक अमृतपाल गिरफ्तार, 9 साथियों पकड़ल गइलें: मोहाली में तलवार लेके सड़क पs उतरले निहंग, पंजाब में इंटरनेट बंद, मुक्तसर-फाजिल्का में धारा 144।
  7. मध्यप्रदेश के बालाघाट में चार्टर प्लेन क्रैश: दु गो पायलट सवार रहे लो, एगो के शव जरत लउकल, दुसरका के तलाश जारी।
  8. अडानी हिडनबर्ग ममिला पs बोलले अमित शाह: केहू के लगे सबूत होखे तs SC के जांच कमेटी के देवे; गलत भइल तs केहू ना बची।
  9. इमरान खान के घर पs पुलिस बुलडोजर चलवलस: इस्लामाबाद कोर्ट के बाहर पुलिस पथराव, जज बोलले- अइसन माहौल में सुनवाई कइल संभव नईखे।
  10. क्रिकेटर हरभजन सिंह के नाम पs ठगी: इंस्टाग्राम पs फर्जी अकाउंट बना के मांगल जा रहल बा पईसा, भज्जी सावधान रहे के कहलें।
484370cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.