- बिहार: आनंद मोहन के बेटी सुरभि आनंद के बियाह आज; मुख्यमंत्री-उपमुख्यमंत्री समेत 10 हजार से बेसी अतिथि के निमंत्रण।
- बिहार: जदयू में CM नीतीश से बड़ अदालत केहूओ ना…. मंत्री बोलले- कवनो ना कवनो ठोस निर्णय निश्चित; BJP कहलस- ई प्रयोग हs।
- उत्तर प्रदेश: कानपुर देहात ममिला में कांग्रेस सधलस निशाना, कहलस- अब तs जिंदा जरावल जा रहल बा गरीब।
- उत्तर प्रदेश: ज्ञानवापी केस; अखिलेश -ओवैसी पs केस दर्ज करे के मांग कोर्ट में खारिज, भड़काऊ बयानबाजी के रहे मांग।
- झारखंड: रामगढ़ उपचुनाव में यूपीए देखाई दम-खम, सीएम हेमंत सोरेन देलें गठबंधन प्रत्याशी बजरंग महतो के परचम लहरावे के मंत्र।
- निक्की के लाश लेके 35 किमी तक घूमत रहल लव इन पार्टनर: कार में बियाह के लेके झगड़ा भइल, चार्जर से गला घोंटलस, बॉडी फ्रिज में रखलस।
- जर्मनी में दर्जनन फ्लाइट्स कैंसिल: लुफ्थांसा एयरलाइंस के कंप्यूटर सिस्टम में खराबी, पिछला महीना US में भइल रहे दिक्कत।
- छठा ज्योतिर्लिंग के असम सरकार आपन बतवलस: शिवसेना-NCP बोलल- पहिले महाराष्ट्र के प्रोजेक्ट चोरवलस, अब भगवान छीन रहल बिया भाजपा। महाराष्ट्र के पुणे में इस्थित बा भीमाशंकर मंदिर।
- कोहिनूर जड़ल ताज ना पहिनहिहें ब्रिटेन के नया रानी: भारत से रिश्ता बिगड़ला के डर, क्वीन खातिर 100 साल पुरान दोसर क्राउन रिपेयर हो रहल बा।
- भारत क्रिकेट के तीनो फॉर्मेट में नंबर-1: टेस्ट रैंकिंग में ऑस्ट्रेलिया के पीछे छोड़लस, वनडे आ टी- 20 में पहिले से अव्वल। रैंकिंग कायम रखे खातिर जीते के होई सीरीज।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Feb 15, 2023
बिहार: आनंद मोहन के बेटी सुरभि आनंद के बियाह आज; मुख्यमंत्री-उपमुख्यमंत्री समेत 10 हजार से बेसी अतिथि के निमंत्रण। बिहार: जदयू में CM नीतीश से बड़ अदालत केहूओ ना…. मंत्री बोलले- कवनो ना कवनो ठोस
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, big news, Big Update, bihar news, Bihar-UP News, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, News Breaking, news update, top 10 news, top news, up news, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






