साँझ के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 16, 2022

बिहार: VIP सुप्रीमो मुकेश सहनी के कुढ़नी में नया दांव; भूमिहार समाज से नीलाभ के उतरलें, RJD नेता से कहलें- संगे आईं अपना घरे दिया जराईं। कुढ़नी में 40 हजार बा भूमिहार जाति के वोट।

Share

  1. बिहार: VIP सुप्रीमो मुकेश सहनी के कुढ़नी में नया दांव; भूमिहार समाज से नीलाभ के उतरलें, RJD नेता से कहलें- संगे आईं अपना घरे दिया जराईं। कुढ़नी में 40 हजार बा भूमिहार जाति के वोट। नीलाभ के दादा चार बेर विधायक रहल बाड़े।
  2. बिहार: जम्मू कश्मीर में बगहा के मजदूर के गोली मारके हत्या; श्रीनगर में सड़क किनारे मिलल शव, घरे खातिर बिहान पकड़े वाला रहे ट्रेन। श्रीनगर पुलिस ट्विटर प देलस सूचना।
  3. उत्तर प्रदेश: रामपुर उपचुनाव – रामपुर के रण में अबकी बेर विकास बनी भाजपा के मुख्य हथियार, CM योगी पहिलही बना लेले रहस रणनीति।
  4. उत्तर प्रदेश: मथुरा के जेल से सड़क तक भइल रहे गैंगवार, ताबड़तोड़ फायरिंग में भइल रहे राजेश टोंटा के हत्या, सात साल बाद 14 आरोपित बरी। अदालत में लगातार चलल मुकदमा, बाकिर बरी हो गइले आरोपित।
  5. झारखंड: झारखंड सीएम से बिहान ED करी पूछताछ; हेमंत सोरेन बोललें – जे लोग बाहर से आके इहां राजनीति करेला ओकरा के बाहर क देब। सोरेन से पूछताछ खातिर खास तइयारी। दिल्ली से ज्वाइंट डायरेक्टर स्तर के अफसर मवजुद रही लो, ED DGP से ऑफिस के बाहर सुरक्षा के मांग कइलस।
  6. इंडोनेशिया में पीएम मोदी के दूसरका दिन: भारत के मिलल G20 के अध्यक्षता, पीएम बोललें – G20 के दुनिया में बदलाव के जरिया बनावल जाई। बाइडेन देले सबसे जादे अहमियत, सुनक जारी करिहें 3 हजार वीजा।
  7. पोलैंड बोलल रूस हमनी प मिसाइल दगलस: अब तक हर बात प चेतावनी देवे वाला बाइडेन बोललें- उ रूस के ना होई। पोलैंड नाटो के हिस्सा बा, आरोप सही साबित होखला प नाटो देश मिलके संधी के तहत जवाब दे सकेला।
  8. माकन के राजस्थान प्रभारी पद से इस्तीफा: सियासी बवाल के जिम्मेदार नेता लोगन प एक्शन ना होखला से आहत होके चिट्ठी लिखलें। गहलोत गुट के तीन नेता लोगन के खिलाफ एक्शन पेंडिंग होखल मुख्य वजह।
  9. श्रद्धा मर्डर केस में डॉक्टर मुख्य गवाह बनल: आफताब के कटल हाथ के इलाज कइले रहे; आरोपी के नार्को टेस्ट कराई पुलिस।
  10. अगला वर्ल्ड कप खातिर हार्दिक के मैसेज: हार भुलल जाव, गलतियन के सुधारल जाव… नया खेलाड़ियन के लगे मवका, खुद के साबित करे लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.