[the_ad_group id="30365"]

Chunav Result से पहिले हाइवे पs सफर कइल अब होई महंगा, आज से बढ़ी टोल टैक्स के दर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

चुनाव के नतीजा से पहिले सरकार एगो अवुरी महंगाई के झटका देले बिया। अब हाईवे के इस्तेमाल करे वाला ड्राइवरन के सोमार से अधिका पइसा देबे के पड़ी. सोमार आज से देश भर में सड़क टोल टैक्स दर में औसतन 5 प्रतिशत के बढ़ोतरी होई। एकरा से पहिले राजमार्ग उपयोगकर्ता शुल्क के सालाना संशोधन एक अप्रैल से लागू होखे वाला रहे।बाकिर चुनाव के चलते एकरा के रोक दिहल गईल। सालाना संशोधन औसतन पांच प्रतिशत के रेंज में होखे के संभावना बा।

सालाना प्रक्रिया के हिस्सा हs

एनएचएआई के एगो वरिष्ठ अधिकारी रविवार के कहले कि, ‘नया टोल टैक्स 3 जून 2024 से लागू होई।’ टोल शुल्क में इs बदलाव थोक मूल्य सूचकांक (सीपीआई) आधारित महंगाई में बदलाव से जुड़ल दर में संशोधन के सालाना प्रक्रिया के हिस्सा हs। नेशनल हाईवे नेटवर्क पs लगभग 855 गो यूजर टोल प्लाजा बाड़ें जिनहन पs नेशनल हाईवे फी (दर आ वसूली के निर्धारण) नियम, 2008 के अनुसार यूजर चार्ज लगावल जाला।

बोझ यात्रियन पs पड़ जाला 

अधिकारी लोग के कहनाम बा कि ईंधन उत्पाद पs टोल शुल्क अवुरी टैक्स में बढ़ोतरी से राष्ट्रीय राजमार्ग के विस्तार में मदद मिलेला, बाकिर विपक्षी दल अवुरी बहुत मोटरसाइकिल चलावे वाला टोल टैक्स में सालाना बढ़ोतरी के आलोचना करतारे अवुरी कहतारे कि एकरा से जरूरी सामान के परिवहन लागत में कमी आई अवुरी यात्री पs बोझ होई।

असल में एक अप्रैल से टोल टैक्स बढ़ावे के एलान भइल रहे. बाकिर भारतीय निर्वाचन आयोग एनएचएआई से कहले रहुवे कि लोकसभा चुनाव के बाद राजमार्गन पs नया टोल दर लागू कs दिहल जाव. आम तौर पs देश के अधिकांश टोल राजमार्ग पs एक अप्रैल से दर बढ़ावल जाता, बाकिर चुनाव आयोग के कहनाम बा कि, लोकसभा चुनाव के बाद ही नाया दर लागू होखे के चाही। एहसे लाखों लोग के तुरंत राहत मिलल। बाकिर अब आम चुनाव के बाद टोल दर बढ़ला से लोग चौंक जईहे।  बता दीं कि भारत पिछला एक दशक में अरबों डॉलर के निवेश राष्ट्रीय राजमार्गन के विस्तार खातिर कइले बा जवना के कुल लंबाई करीब 146,000 किलोमीटर बा जवन दुसरका सबले बड़का वैश्विक सड़क नेटवर्क हs.

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]