आज के योग : दमा के समस्या से परेशान? एह योगासन से रउरा जल्दी से फायदा मिल जाई

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 12, 2023

दमा एगो गंभीर आ पुरान साँस के बेमारी ह। दमा से पीड़ित लोग के सांस लेवे में तकलीफ, सांस में तकलीफ अउरी बहुत मामला में दम घुटे के समस्या हो सकता, एहीसे ए बेमारी से पीड़ित लोग के हमेशा एकरा से बचाव के उपाय करे के सलाह दिहल जाला। स्वास्थ्य विशेषज्ञ के मुताबिक, दमा में वायुमार्ग संकरी अउरी सूजन हो जाला, जवना के चलते फालतू बलगम पैदा होखेला। एकरा से सांस लेवे में दिक्कत हो सकता अउरी खांसी हो सकता, सांस छोड़ला पे आवाज़ में घरघराहट हो सकता। बहुत लोग खातिर दमा से काफी गंभीर जटिलता पैदा हो सकता।

Share

आज के योग : दमा के समस्या से परेशान? एह योगासन से रउरा जल्दी से फायदा मिल जाई

योगा: फोटो

दमा एगो गंभीर आ पुरान साँस के बेमारी ह। दमा से पीड़ित लोग के सांस लेवे में तकलीफ, सांस में तकलीफ अउरी बहुत मामला में दम घुटे के समस्या हो सकता, एहीसे ए बेमारी से पीड़ित लोग के हमेशा एकरा से बचाव के उपाय करे के सलाह दिहल जाला। स्वास्थ्य विशेषज्ञ के मुताबिक, दमा में वायुमार्ग संकरी अउरी सूजन हो जाला, जवना के चलते फालतू बलगम पैदा होखेला। एकरा से सांस लेवे में दिक्कत हो सकता अउरी खांसी हो सकता, सांस छोड़ला पे आवाज़ में घरघराहट हो सकता। बहुत लोग खातिर दमा से काफी गंभीर जटिलता पैदा हो सकता।

स्वास्थ्य विशेषज्ञ के मुताबिक दमा के इलाज नईखे हो सकत, हालांकि एकरा में अलग-अलग उपाय के इस्तेमाल से एकर लक्षण पे नियंत्रण कईल आसान हो सकता। अध्ययन से पता चलता कि कई प्रकार के योग के नियमित अभ्यास ए गंभीर समस्या के जटिलता में सुधार के संगे-संगे लक्षण के कम करे में मददगार हो सकता। आईं कुछ अइसने योगासन के बारे में जानल जाव।

भुजंगासन: फोटो

भुजंगासन (कोबरा मुद्रा) 

योग विशेषज्ञ के मुताबिक भुजंगासन दमा के समस्या से पीड़ित लोग खातीर बहुत फायदेमंद योग हो सकता। एकर नियमित अभ्यास से दमा के जटिलता के कम करे में मदद मिल सकता। एह योग आसन के करे खातिर पेट पर लेट के हथेली के कंधा के नीचे राखे के चाहीं। साँस ले के शरीर के आगे के हिस्सा के ऊपर के ओर उठाईं। 10-20 सेकंड तक ए स्थिति में रहीं अउरी ओकरा बाद सामान्य स्थिति में आ जाईं। भूजंगासन के अउरी कई गो स्वास्थ्य समस्या में फायदेमंद मानल जाला।

पवनमुकताना : फोटो

पवनमुक्तासन

एह योग के नियमित अभ्यास से दमा के मरीजन के अपार फायदा हो सकेला। एह योग खातिर पीठ पर लेट जा। अब दुनु गोड़ के जोड़ के हथेली के जमीन पर लगाईं। एकरा बाद घुटना से दाहिना गोड़ मोड़ के छाती पे लगाई। एकरा बाद दुनो हाथ के अँगुरी के घुटना से तनी नीचे पकड़ के। अब अगर गोड़ से छाती पर दबाव होखे त धीरे-धीरे साँस अंदर-बाहर छोड़ीं।

ब्रिज पोज: फोटो

दमा में ब्रिज पोज योग फायदेमंद 

नियमित रूप से ब्रिज पोज योग के अभ्यास कईल दमा के जटिलता के कम करे के संगे-संगे कमर दर्द के कम करे में बहुत फायदेमंद मानल जाला। साँस लेवे के क्षमता में सुधार में इ योग बहुत फायदेमंद मानल जाला। एह योग के करे खातिर पीठ पर लेट जा। गोड़ के कंधा के चौड़ाई से तनिका चौड़ा अलग राखत घुटना के मोड़ लीं। हथेली खोल के हाथ सीधा जमीन पर रखे के बा। अब साँस लेत घरी कमर के हिस्सा के ऊपर के ओर उठाईं, कंधा अउरी सिर के समतल जमीन प राखी। साँस छोड़त घरी वापस मूल स्थिति में आ जाईं।

नोट : योग गुरू के सुझाव के आधार पर ई लेख तइयार कइल गइल बा। आसन के सही स्थिति के बारे में जाने खातिर आप कवनो योग गुरु से संपर्क क सकतानी।

अस्वीकरण : खबर भोजपुरी के स्वास्थ्य एवं फिटनेस श्रेणी में प्रकाशित सभ लेख डॉक्टर, विशेषज्ञ अउरी शैक्षणिक संस्थान के संगे बातचीत के आधार पे तैयार कईल गईल बा। लेख में बतावल तथ्य आ जानकारी के जाँच आ सत्यापन खबर भोजपुरी के पेशेवर पत्रकार लोग कइले बा। एह लेख के तइयार करत घरी सगरी दिशानिर्देशन के पालन कइल गइल बा। एह से जुड़ल लेख पाठक के ज्ञान आ जागरूकता बढ़ावे खातिर तइयार कइल गइल बा। खबर भोजपुरी कवनो तरह के जानकारी के दावा ना करेले अउरी लेख में दिहल जानकारी के संबंध में कवनो जिम्मेदारी ना लेवेले। उपर के लेख में बतावल गईल संबंधित बेमारी के बारे में अधिक जानकारी खातिर अपना डॉक्टर से सलाह लीं।

Tags:

, ,

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.