आज के इतिहास ; 22 जुलाई के इतिहास, महत्वपूर्ण घटना जानी

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 22, 2024

भारत के आजादी के इतिहास में 22 जुलाई के तारीख के एगो खास महत्व बा। ई दिन देश के राष्ट्रीय झंडा से जुड़ल बा। असल में 22 जुलाई के बात हs, जब संविधान सभा तिरंगा

Share

भारत के आजादी के इतिहास में 22 जुलाई के तारीख के एगो खास महत्व बा। ई दिन देश के राष्ट्रीय झंडा से जुड़ल बा। असल में 22 जुलाई के बात हs, जब संविधान सभा तिरंगा के देश के राष्ट्रीय झंडा के रूप में अपनवलस।

भारत के आजादी के इतिहास में 22 जुलाई के तारीख के एगो खास महत्व बा। ई दिन देश के राष्ट्रीय झंडा से जुड़ल बा। असल में 22 जुलाई के बात हs, जब संविधान सभा तिरंगा के देश के राष्ट्रीय झंडा के रूप में अपनवलस।

देश आ दुनिया के इतिहास में 22 जुलाई के तारीख के दर्ज अउरी महत्वपूर्ण घटना के क्रमिक विवरण निम्नलिखित बा…

  •  1731 : स्पेन वियना के संधि पर हस्ताक्षर कइलस।
  •  1918 : भारत के पहिला कुशल पायलट इंद्रलाल राय पहिला विश्वयुद्ध के दौरान लंदन में जर्मनी के संगे भइल लड़ाई में मारल गइले।
  •  1947 : संविधान सभा देश के राष्ट्रीय ध्वज के रूप में तिरंगा के अपनावलस।
  •  1969 : सोवियत संघ स्पूतनिक 50 आ मोलनिया 112 संचार उपग्रह के प्रक्षेपण कइलस।
  •  1981 : भारत के पहिला भू-स्थिर उपग्रह एप्पल काम करे लागल।
  •  1988 : 500 अमेरिकी वैज्ञानिक पेंटागन में जैविक हथियार बनावे के शोध के बहिष्कार करे के वादा कइले।
  •  1999 : अंतर्राष्ट्रीय श्रम संगठन समान काम खातिर समान पारिश्रमिक के योजना लागू कइलस।
  •  2001 : शेरबहादुर देउबा नेपाल के नयका प्रधानमंत्री बने।
  •  2001 : जिनेवा में आठ देशन के समूह के सम्मेलन के समापन भइल ।
  •  2003 : इराक में तानाशाह सद्दाम हुसैन के दू गो बेटा हवाई हमला में मारल गइलें।
  •  2012 : प्रणब मुखर्जी भारत के तेरहवाँ राष्ट्रपति चुनल गइलें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.