[the_ad_group id="30365"]

Today’s history : भारत के आजादी के महत्वपूर्ण दिन 18 जुलाई के इतिहास

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इतिहास के खिड़की से रोज अतीत में यात्रा करत आज हमनी के साल के 199वां दिन पs पहुंच गइल बानी सs । अब एह साल में 166 दिन बाचल बा। भारत के आजादी के इतिहास में 18 जुलाई के दिन महत्वपूर्ण बा। 3 जून 1947 के पेश माउंटबेटन योजना के आधार पs 4 जुलाई 1947 के ब्रिटिश संसद से पेश भइल भारतीय स्वतंत्रता विधेयक 18 जुलाई 1947 के पारित भइल।

इतिहास के खिड़की से रोज अतीत में यात्रा करत आज हमनी के साल के 199वां दिन पs पहुंच गइल बानी सs। अब एह साल में 166 दिन बाचल बा। भारत के आजादी के इतिहास में 18 जुलाई के दिन महत्वपूर्ण बा। 3 जून 1947 के पेश माउंटबेटन योजना के आधार पs 4 जुलाई 1947 के ब्रिटिश संसद से पेश भइल भारतीय स्वतंत्रता विधेयक 18 जुलाई 1947 के पारित भइल। ई विधेयक स्वतंत्र भारत के प्रकृति तय करे खातिर रहे अउरी एह में भारत के आजादी के तारीख 15 अगस्त 1947 तय कइल गइल। एकरा तहत बंटवारा के बाद भारत आ पाकिस्तान के सीमा तय करे खातिर बाउंड्री कमीशन के गठन के चर्चा भइल अउरी एकरा तहत पंजाब अउरी बंगाल के बंटवारा के प्रावधान कइल गइल।

देश आ दुनिया के इतिहास में 18 जुलाई के तारीख के दर्ज अउरी घटना के विवरण निम्नलिखित बा…

1290 : इंग्लैंड के राजा एडवर्ड यहूदी लोग के निकाले के आदेश दिहलें।

1630 : स्पेनिश सैनिक इटली के मंटुआ प्रांत पर कब्जा कर लिहलख।

1743 : दुनिया में पहिला बेर साप्ताहिक अखबार न्यूयार्क में आधा पन्ना के विज्ञापन छपल।

1781 : ब्रिटिश के मशहूर खगोलशास्त्री विलियम हर्शेल आकाशगंगा के वास्तविकता के खोज कइलें।

1857 : बंबई विश्वविद्यालय के स्थापना भइल।

1872 : ब्रिटेन में गुप्त मतदान कानून लागू भइल। एकरा से पहिले वोटिंग खुल के होखत रहे।

1918 : नोबेल पुरस्कार विजेता दक्षिण अफ्रीका के राष्ट्रपति रहल नेल्सन मंडेला के जनम।

1947: ब्रिटिश संसद से पारित भारतीय स्वतंत्रता अधिनियम के ब्रिटिश राजकुमार के मंजूरी मिलल।

1951 : उरुग्वे संविधान के स्वीकार कइलस।

1955 : परमाणु ऊर्जा से बनल बिजली के पहिला बेर व्यावसायिक रूप से बेचल गइल।

1963: सीरिया में सैन्य तख्तापलट असफल भइल।

1968: कैलिफोर्निया के सांता क्लारा में इंटेल कॉर्पोरेशन के स्थापना भइल.

1977 : वियतनाम संयुक्त राष्ट्र के सदस्य बनल।

1980 : भारत में पूरा तरीका से बनल उपग्रह ‘रोहिणी-1’ के पृथ्वी के कक्षा में लगावल गइल।

1985 : सोवियत रूस भूमिगत परमाणु परीक्षण कइलस।

2012 : किम जोंग उन के आधिकारिक तौर पर उत्तर कोरिया के सर्वोच्च नेता नियुक्त कइल गइल।

2012 : भारत के पहिला सुपरस्टार राजेश खन्ना के निधन।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]