[the_ad_group id="30365"]

टूटल सड़कन पs दिल्ली सरकार के एक्शन, इंस्पेक्शन खातीर पहुंचले लो आतिशी-मनीष सिसोदिया

दिल्ली के मुख्यमंत्री आतिशी: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली के लोग के जल्दिए टूटल सड़क से राहत मिले वाला बा, जवना के चलते दिल्ली सरकार के मंत्री अवुरी विधायक आज सबेरे से सड़क पs निकलल बाड़े अवुरी पीडब्ल्यूडी के 1400 किलोमीटर लंबा सड़क के हर मीटर के निरीक्षण करतारे .निरीक्षण के बाद पीडब्ल्यूडी के एह सड़कन के गड्ढा से मुक्त करावे के लक्ष्य दिहल गइल बा। पूर्व उप सीएम मनीष सिसोदिया आ मंत्री सौरभ भारद्वाज सोमार के सबेरे छह बजे पूर्वी दिल्ली चहुँप गइल बाड़न.

केजरीवाल एगो चिट्ठी लिखले रहले

असल में अरविंद केजरीवाल सीएम अतिशी के सड़क के हालत के लेके चिट्ठी लिखले रहले, ओकरा बाद आम आदमी पार्टी के ऑल मिनिस्टर मीटिंग में दिल्ली के सड़क के निरीक्षण अवुरी मरम्मत के फैसला भईल। एकरा बाद सीएम अतिशी एगो प्रेस कांफ्रेंस में बतवली कि अगिला एक सप्ताह में दिल्ली के सड़क के निरीक्षण कईल जाई, जवना के बाद पीडब्ल्यूडी के एs सड़क के गड्ढा मुक्त बनावे के लक्ष्य दिहल जाई। अतिशी आगे कहली कि, शुक के अरविंद केजरीवाल जी विधानसभा में चिट्ठी देके कहले कि सड़क के मरम्मत युद्ध के आधार पs कईल जाई।

दिवाली ले राजधानी के गड्ढा मुक्त बनावे के लक्ष्य

सीएम अतिशी कहली कि, हमनी के दिल्ली सचिवालय में मंत्री के बैठक कs के 1400 किलोमीटर के पीडब्ल्यूडी सड़क के समीक्षा कईले। सीएम एलान कइली कि सोमार से सगरी मंत्री सड़क पs उतर जइहें, हम खुद दक्षिण आ दक्षिण पूर्व दिल्ली जाईं. हमनी के सड़क पs उतर के देखब जा कि कहाँ अवुरी का जरूरत बा। पार्टी दिवाली तक दिल्ली के गड्ढा मुक्त बनावे के लक्ष्य रखले बिया।

के कहां कs रहल बा निरीक्षण?

CM आतिशी- साउथ, साउथ ईस्ट दिल्ली

सौरभ भारद्वाज- ईस्ट दिल्ली

गोपाल राय- नॉर्थ ईस्ट दिल्ली

कैलाश गहलोत- वेस्ट, साउथ वेस्ट दिल्ली

मुकेश अहलावत- नॉर्थ,नोर्थ वेस्ट दिल्ली

इमारन हुसैन- सेंट्रल आ नई दिल्ली

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]