[the_ad_group id="30365"]

‘आज के भोजपुरी गायक ना, नचनियां हउंवे…’- सिंगर भरत शर्मा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

‘आज के भोजपुरी गायक ना, नचनियां हउंवे…’- सिंगर भरत शर्मा

भोजपुरी गीतन के गायक भरत शर्मा व्यास आज काल्ह रचत भोजपुरी गीतन के फूहड़ बतवले बाड़न। एह गीतन के गावे वाला गायकन के उऽ नचनियां बतवले। उनकर कहनाम बा कि भोजपुरी गीतन में अश्लीलता चरम पर चहुँप गइल बा। बता दीं कि भरत शर्मा बुध के दिने आयकर से जुड़ल मामिला के सुनवाई खातिर धनबाद कोर्ट चहुँपल रहले।

भोजपुरी गीत गायक भरत शर्मा व्यास एगो अइसन बयान दिहले बाड़न जवन भोजपुरी इंडस्ट्री में हलचल मच रहल बा। आज के भोजपुरी गायकन के उऽ नचनियां बतवले बाड़न। उनकर कहनाम बा कि बिना महिला नर्तकी के उनकर दोकान बंद हो जाई।आपन बयान देत गायक शर्मा महाभारत काल के पात्र दुशासन आ द्रौपदी के भी जिक्र कइले।

असल में बुध के दिने धनबाद आइल मशहूर भोजपुरी गीत गायक भरत शर्मा व्यास के एगो अलगे अंदाज में देखल गइले। आयकर से जुड़ल मामला के सुनवाई खातिर उऽ धनबाद पहुंचल रहले। इहाँ उऽ कोर्ट में आपन मौजूदगी दर्ज करवले। जानकारी के मुताबिक शर्मा के खिलाफ टीडीएस छिपावे के मामला चल रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]