Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

चैत्र नवरात्रि स्पेशल: आजु जानीं नीलांचल पहाड़ी पs स्थित देवी कामाख्या मंदिर के बारे में! 

916

आजु खबर भोजपुरी नवरात्रि स्पेशल में चैत्र नवरात्रि के नउवां दिने असम राज्य के गुवाहाटी शहर में नीलांचल पहाड़ी पs स्थित देवी कामाख्या मंदिर के बारे में। चैत्र नवरात्रि में देवी कामाख्या मंदिर में श्रद्धालु के भारी भीड़ जुटेला।

नवरात्रि के अवसर पs एह मंदिरन में भक्तन के भीड़ लागल बा, काहे कि खाली नौ दिन खातिर एहिजा गइला से मनोकामना पूरा हो जाला. कामाख्या मंदिर असम राज्य के गुवाहाटी शहर में नीलांचल पहाड़ी पs स्थित बाड़ी। एह जगह पs देवी सती के एगो अंग गिर गइल रहे, जेकरा चलते कामाख्या माता मंदिर के मुख्य 52 शक्तिपीठ में से एगो शक्तिपीठ माता के नाम से जानल जाला।

इतिहास

किंवदंती के मुताबिक, माई सती के पिता दक्ष एक बेर सार्वजनिक सभा में भगवान शिव के अपमान कईले रहले। एह अपमान के ऊ बर्दाश्त ना कs पवली आ ऊ अपना पिता के ओर से आयोजित यज्ञ के आग में कूद के आपन प्राण के आहुति दे दिहली माई सती से विरह में भगवान शिव उनकर देह लेके इधर-उधर घूमे लगले। एह दौरान भगवान विष्णु माता सती के शरीर पs सुदर्शन चक्र से हमला कईले। हमला के चलते जहां-जहां माता सती के शरीर के अंग गिरल, उहाँ शक्तिपीठ के नाम से मशहूर हो गईले। मानल जाता कि देवी सती के शरीर के योनि के भाग इहां गिरल रहे। तब से ई जगह माँ कामाख्या देवी के नाम से प्रसिद्ध बा।कामाख्या मंदिर में माई भगवती के कवनो मूर्ति नइखे। इहाँ पोखरा के उनकर रूप मानल जाला आ ओकर पूजा कइल जाला।

कामाख्या मंदिर कइसे पहुंची

कामाख्या मंदिर जाए खातिर गुवाहाटी हवाई अड्डा जाए के पड़ेला। मंदिर एह हवाई अड्डा से महज 20 किलोमीटर दूर बा। नई दिल्ली से एह जगह पs लगातार उड़ान भरत रहेला। इहाँ से मंदिर जाए खातिर बस, ऑटो आ टैक्सी पकड़ल जा सकेला।

 

 

 

 

 

792490cookie-checkचैत्र नवरात्रि स्पेशल: आजु जानीं नीलांचल पहाड़ी पs स्थित देवी कामाख्या मंदिर के बारे में! 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.