आज बा JP यूनिवर्सिटी में PG में नामांकन के आखिरी तिथि; रात 11 बजे तक कइल जा सकी आवदेन, 10 दिसंबर से सुरू होई पढ़ाई

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 30, 2023

जेपी यूनिवर्सिटी में पीजी सत्र 2022-24 खातिर आज 30 नवंबर गुरुवार नामांकन के अंतिम तिथि हs। फर्स्ट सेमेस्टर में नामांकन खातिर अप्लाई के प्रक्रिया 22 नवंबर से सुरू कइल गइल रहे। यूनिवर्सिटी के तरफ से

Share

जेपी यूनिवर्सिटी में पीजी सत्र 2022-24 खातिर आज 30 नवंबर गुरुवार नामांकन के अंतिम तिथि हs। फर्स्ट सेमेस्टर में नामांकन खातिर अप्लाई के प्रक्रिया 22 नवंबर से सुरू कइल गइल रहे। यूनिवर्सिटी के तरफ से जारी नोटिफिकेशन के मोताबिक 30 नवंबर के रात 11:00 बजे तक जेपी यूनिवर्सिटी के वेबसाइट आवेदन करे खातिर खुलल रही।

जहां विद्यार्थी वेबसाइट लिंक खोल के पीजी सत्र 2022-24 खातिर अप्लाई कs सकत बा लो। बता दीं कि अबकी बेर कुल 17 विभागन में नामांकन के प्रक्रिया चल रहल बा। प्रो० प्रोफेसर हरिश्चंद्र बतवलें कि 4486 सीटन पs नामांकन होखे के बा।

सत्र में देरी होखला से नामांकन में हो रहल बा देरी

पिछला सत्र बहुते लेट होखला के कारण 2022-24 के सत्र में नामांकन डेढ़ साल लेट सुरू भइल बा। पहिला मेघा सूची के प्रकाशन 5 दिसंबर के होई। प्रोफेसर हरिश्चंद्र बतवलें कि 10 दिसंबर से पीजी पहिला सेमेस्टर के क्लास सुरू कs दिहल जाई। ओइसे कुल 4486 सीट ना भरला के इस्थिति में नामांकन खातिर आवेदन करे के तिथि में विस्तार कइल जा सकत बा।

जयप्रकाश विश्वविद्यालय से संबंध रखे वाला सीवान, छपरा आ गोपालगंज के पीजी कॉलेज में नामांकन होई। वेबसाइट पs एकर सूची डालल गइल बा। अप्लाई करत घरी स्टूडेंट आपन कॉलेज के चुनाव कs सकी लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.