[the_ad_group id="30365"]

पटना यूनिवर्सिटी में प्रवेश खातिर आज आखिरी मवका : स्नातक कोर्स के बचल सीटन पs करा सकत बानी एडमिशन, स्पॉट राउंड के बादो 1298 सीट रहे खाली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना यूनिवर्सिटी में खाली सीटन पs नामांकन करावे के आज आखिरी दिन बा। ओइसन आवेदक जे स्नातक प्रोग्राम (रेगुलर) सत्र-2024-28 आ स्नातक प्रोग्राम (सेल्फ फाइनेंस) सत्र-2024-27 खातिर ऑनलाइन आवेदन कs चुकल बा आ ओकर नामांकन नइखे हो सकल। ऊ 13 जुलाई तक ऑफलाइन मोड में एडमिशन करा सकत बा लो। स्पॉट राउंड के बादो बड़ संख्या में सीटन के खाली होखला पs यूनिवर्सिटी के ओर से नामांकन के प्रक्रिया सुरू कइल गइल रहे।

आवेदक के दु कॉपी में देवे के होई आवेदन

आवेदक दु कॉपी में आवेदन दी लो। ऊ एगो कॉपी अपना लगे रखिहें, ओहिजा दूसरका में आवेदक के आवेदन के रिसिविंग दीहि लो। नामांकन के बाद एकर सूचना संकायाध्यक्ष छात्र कल्याण के देवे के निरदेस कॉलेजन के जारी कइल गइल बा।

पीयू में स्पॉट राउंड के बादो 4531 में 1298 सीट खाली बा। अभी ले 3223 नामांकन भइल बा। एमे जनरल कोर्स में 3871 में 2796 आ सेल्फ फाइनेंस कोर्स में 660 में 427 नामांकन भइल बा। जनरल कोर्स में 1075 सीट खाली बा। ओहिजा, 233 सीट खाली बा।

स्नातक रेगुलर कोर्स में बीएन कॉलेज में 309 सीट खाली

पीयू के कॉलेजन के बात करीं तs स्नातक रेगुलर कोर्स में बीएन कॉलेज में 309, मगध महिला कॉलेज में 237, पटना कॉलेज में 188, साइंस कॉलेज में 114, वाणिज्य कॉलेज में 227 सीट खाली बा। ओहिजा, स्नातक सेल्फ फाइनेंस कोर्स में मगध महिला कॉलेज में 71, बीएन कॉलेज में 58, पटना कॉलेज में 61, साइंस कॉलेज में 25 आ वाणिज्य कॉलेज में 18 सीट खाली बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]