मीड डे मील विषाक्त भोजन से मृत लईकन के धरमासती गण्डामन (मशरक) में आज दिहल जाई श्रद्धांजलि

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 16, 2023

मशरक (सारण): 16 जुलाई 2013 के उ मनहूस दिन, एगो करिया दिवस जवना के इयाद लोगन के दिल झकझोर कs के रख देला। करीब दु दर्जन परिजनन के चिराग घर सून कs देलस। जवना दिन

Share

मशरक (सारण): 16 जुलाई 2013 के उ मनहूस दिन, एगो करिया दिवस जवना के इयाद लोगन के दिल झकझोर कs के रख देला। करीब दु दर्जन परिजनन के चिराग घर सून कs देलस। जवना दिन मिड-डे-मील के विषाक्त भोजन करे से कइयन घरन के चिराग बुझ गइल।

रउआ सभे के बतावत चलीं कि आज से लगभग 10 साल पहिले मशरक प्रखंड क्षेत्र के धर्मासती गंडामन में अवस्थित प्राथमिक विद्यालय में जहां रसोईया के भूल के कारण दिनांक 16 जुलाई 2013 के मशरक सहित समूचा देस में चरचा के कारण बन गइल रहे आ 23 लईकन के लिल गइल रहे। दर्जनन लईकन के बेमार अवस्था में इलाज चलल रहे आ ओहि समय बिहार के सुशासन बाबू नीतीश कुमार एह गांव के गोद ले लेले रहस। बिहार के के कहे समुचा भारत में ई हादसा लोगन के दिल के झकझोर के रख देले रहे आ ओह गांव के 23 होनहार लईकन के परिवार पs का बीतल होई, केहू का जाने। ओहिजा चारो तरफ चित्कार सुनाई देत रहे।

आज ओह सब लईकन के मृतक के परिजनन के द्वारा के इयाद कइल जाई। मृतकन के धूप अगरबत्ती के संगे हवण पूजन कs के श्रद्धांजलि दिहल जाई। एह श्रद्धांजलि सभा में कुछ सालन तक सारण जिलाधिकारी सहित आउर वरिष्ठ अधिकारीगण पहुंचल रहे लो। बाकिर पिछला साल कवनो आलाधिकारी के ना पहुंचल चरचा के विषय बनल रहे। बाकिर अबकी बेर के-के आ रहल बा एकर चरचा चल रहल बा।

महाराजगंज के भाजपा सांसद जनार्दन सिंह सिग्रीवाल के आवे के सूचना जिला भाजपा किसान मोर्चा के उपाध्यक्ष सुनील कुमार सिंह देलें। आउर कवन कवन अधिकारी आई लो। एकर जानकारी अभी स्पष्ट नइखे हो सकल।

साभार: मशरख न्यूज (बिहार)

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.