कतर में विश्व कप का बाद पद छोड़िहे ब्राजील के कोच टिटे

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 26, 2022

ब्राजील के कोच टिटे दिसंबर में कतर में होखे आला फुटबॉल विश्व कप का बाद आपन पद छोड़ दिहे। टिटे सुक के ‘स्पोरटीवी चैनल’ के संगे साक्षात्कार के बेरा कहले, “हम विश्व कप के अंत

Share

ब्राजील के कोच टिटे दिसंबर में कतर में होखे आला फुटबॉल विश्व कप का बाद आपन पद छोड़ दिहे। टिटे सुक के ‘स्पोरटीवी चैनल’ के संगे साक्षात्कार के बेरा कहले, “हम विश्व कप के अंत ले टीम से जुडल रहेम। ई ए बारे में बात करे के सेम नइखे बाक़िर हम कवनों चिझ लुका के राखल नइखी चाहत।” टिटे 2016 से टीम के संगे जुडल बाड़े। साठ साल के टिटे बाक़िर एह बात के खुलासा ना कइले कि विश्व कप का बाद ऊ का करिहे।

ब्राज़ील के टीम कतर में होखे आला विश्व कप ला पहिलही आपन जगे बना चुकल बा, जबकि अभियो दु दौर के अमरिकी क्वालिफायर बाकी बा। ब्राज़ील के ई परंपरा रहल बा कि ऊ विश्व कप जीतला के बादो अपना कोच के कार्यकाल ना बढ़ावे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.