[the_ad_group id="30365"]

Tirupati balaji: तिरूपति मंदिर बोर्ड 18 गो गैर-हिंदू कर्मचारियन के निकलस

तिरूपति मंदिर
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तिरुपति बालाजी मंदिर तिरुमाला पहाड़ी पs स्थित बा आ एकरा के दुनिया के सबसे समृद्ध मंदिर मानल जाला। हाल ही में तिरुमाला तिरुपति देवस्थानम (टीटीडी) ट्रस्ट बोर्ड एगो महत्वपूर्ण फैसला लेले बा, जवना में तिरुपति बालाजी मंदिर के प्रबंधन निकाय तिरुमाला तिरुपति देवस्थानम (टीटीडी) 18 गो गैर हिन्दू कर्मचारियन के खिलाफ कथित तौर पs त्योहार अवुरी संस्कार में शामिल होखे के आरोप में कार्रवाई कईले बिया ले के बा। टीटीडी के अध्यक्ष बीआर नायडू के निर्देश के मुताबिक मंदिर के आध्यात्मिक पवित्रता के कायम राखे के संकल्प के हवाला देत बोर्डपss लोग के हटावे के आदेश जारी कईले बिया।

टीटीडी बोर्ड के बइठक में तय भइल कि ई कर्मचारी धार्मिक गतिविधियन में भाग लेत मिलल बाड़े जवन गैर हिन्दू धर्म से जुड़ल बा. टीटीडी के अध्यक्ष बीआर नायडू एह बात पs जोर दिहलन कि मंदिर के आध्यात्मिक पवित्रता के कायम राखे खातिर संस्थान में खाली हिन्दू लोग के काम करे के अनुमति दिहल जाव. एकरा तहत एह कर्मचारियन के या तs दोसरा सरकारी विभागन में तबादला कर दिहल जाई भा ओह लोग के स्वैच्छिक सेवानिवृत्ति लेबे के विकल्प करावल जाई.

इहो पढ़ीं : दिल्ली विधानसभा चुनाव: EVM में कैद भइल 699 उम्मीदवारन के किस्मत, अब 8 फरवरी के जारी होई नतीजा

जानकारी के मुताबिक ए 18 कर्मचारी के बहाली पछिला सरकार के कार्यकाल में भईल रहे, जब जगन मोहन रेड्डी आंध्र प्रदेश में सत्ता में रहले। वर्तमान में चंद्रबाबू नायडू के सरकार के सत्ता में अइला का बाद से ई मुद्दा विवाद के विषय बन गइल बा. टीटीडी चिंता जतवले रहे कि दोसरा धार्मिक पृष्ठभूमि के लोग के अयीसन नियुक्ति से मंदिर के पवित्रता के नुकसान हो सकता।

टीटीडी साफ कईले बिया कि भविष्य में जदी अयीसन मामला सोझा आई तs कड़ा कार्रवाई होई। एतने ना टीटीडी के नियम के मुताबिक गैर हिन्दू के मंदिर में जाए से पहिले आपन आस्था के घोषित करे के पड़ेला।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ एs शक्तिपीठ पs देवी के गोद भराई से होला संतान के प्राप्ति, माता ‘सप्तश्रृंगी देवी मंदिर’

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]