[the_ad_group id="30365"]

अरे इs का! 2025 में उड़ल फ्लाइट 2024 में कइसे लैंड हो गइल? पढ़ीं टाइम ट्रैवल के चौंकाए वाला खिस्सा

टाइम ट्रैवल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

समय यात्रा के कई गो कहानी सुनले होखब। एकरा आधार पs सिनेमा भी बनल बा, जवन रउआ सभे देखले होखब। साल 2024 बीत गइल आ नया साल 2025 के एक दिन भी बीत गइल, एह 2 दिन में हमनी के टाइम ट्रैवल के एगो चौंकावे वाला कहानी सुनल आ पढ़े के मौका मिलल, जवना के बारे में हमनी के बतावे जा रहल बानी जा।

मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, चर्चा हो रहल बा कि कैथेकैथे पैसिफिक के उड़ान CX880 1 जनवरी 2025 के हांगकांग अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा (HKG) से उड़ान भरलस, बाकी ऊ उड़ान 31 दिसंबर 2024 के अमेरिका के लॉस एंजिल्स अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा (LAX) पs उतरल। ई बात सुनला में अजीब लाग सकेला बाकिर असल में अइसन भइल बा आ एकर कारण बा इंटरनेशनल डेट लाइन. हँs, एह लाइन के चलते भविष्य में उड़ान उतरल.

हांगकांग आ लॉस एंजिल्स के बीच 16 घंटा के समय अंतर

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक, दावा कईल जाता कि हांगकांग से आईल उड़ान 12 घंटा के यात्रा के दौरान इंटरनेशनल डेट लाइन के पार कs गईल, जवन कि प्रशांत महासागर में ना लउके वाला लाइन हs। एह लाइन के आधार पs कैलेंडर के दिन बदलत रहेला। हांगकांग लॉस एंजिल्स से करीब 16 घंटा आगे बा।

एह से जब हांगकांग से फ्लाइट उड़ान भरलस तs ओहिजा के कैलेंडर बदल गईल रहे। 1 जनवरी 2025 के तारीख आ गईल रहे। लॉस एंजिल्स 16 घंटा पीछे रहे, एहसे उहाँ नया साल के शुरुआत करे के समय आ गईल रहे। उहाँ के तारीख 31 दिसंबर 2024 के रहे। एह से फ्लाइट के यात्री लोग के हांगकांग में नया साल मनावे के मौका मिलल, जबकि लॉस एंजिल्स में उतरला के बाद भी नया साल मनावे के मौका मिलल।

इंटरनेशनल डेट लाइन का हs आ एकरा में का खास बा?

मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक इंटरनेशनल डेट लाइन (IDL) एगो काल्पनिक रेखा हवे, जवन ना लउके ले, बलुक प्रशांत महासागर के बीच से गुजरे ले। एह लाइन के पहिला बेर 1884 में जिकिर भइल रहे। ई रेखा पृथ्वी के दू भाग में बाँटेले आ अलग-अलग समय आ तिथि में बाँटेले। जब कवनो उड़ान एह रेखा के पार करेले तs रेखा पार करे वाला देशन में तारीख बदल जाला।

अगर रउआँ रेखा पार कs के अउरी पच्छिम ओर बढ़ब तs तिथि एक दिन आगे बढ़े ले आ अगर लाइन के पूरब के ओर पार करीं त तारीख एक दिन पीछे चले ले। एह लाइन के मदद से पूरा दुनिया में कैलेंडर आ समय बदल जाला। हालांकि एह लाइन लीगली वेरिफाइड नइखे भइल आ ना ही ई सीधा लाइन हs. ई देस आ उनके भौगोलिक स्थिति के आधार पs अलग-अलग होला। रूस आ अलास्का के बीच एगो ज़िगज़ैग लाइन बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]