Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

विक्रमशिला, गरीब रथ आ जनसेवा समेत 15 ट्रेनन के बदल गइल समय, जानीं कब से लागू होई नया टाइम टेबल

ट्रेनन के समय में परिवर्तन इस्टर्न कार्यालय के सलाह के तहत एगो प्रारंभिक सुविधाजनक तिथि से प्रभावी हो सकत बा। कवन ट्रेनें कवना तारीख से नया समय पs चली, एह बारे में जल्दिये तिथि के निर्धारण कs के अधिसूचना जारी कइल जाई।

183

जदि रउआ रेल से सफर करे वाला यात्री बानी तs ई खबर रउआ खातिर बहुते जरूरी खबर बा। बिहार से दिल्ली तक के सफर तय करे वाली कइयन ट्रेनन के समय में बदलाव कइल गइल बा। जेमे विक्रमशिला आ गरीबरथ जइसन ट्रेनन के नाम सामिल बा। ई बदलाव पांच से बीस मिनट तक के बा। एह बदलाव के माध्यम से ट्रेनन के टाइम आगे बढ़ावल गइल बा।

दरअसल, कुछ दिन पहिले ट्रेनन के समय में बदलाव संबंधी प्रपोजल इस्टर्न रेलवे के भेजल गइल रहे। जवना के अब मंजूरी दे दिहल गइल बा। ट्रेनन के समय में परिवर्तन इस्टर्न कार्यालय के सलाह के तहत एगो प्रारंभिक सुविधाजनक तिथि से प्रभावी हो सकत बा। कवन ट्रेनें कवना तारीख से नया समय पs चली, एह बारे में जल्दिये तिथि के निर्धारण कs के अधिसूचना जारी कइल जाई। ई बदलाव मुख्य रूप से भागलपुर रूट से होके गुजरे वाली ट्रेनन में होई। एमे विक्रमशिला आ जनसेवा समेत एह तरे के 15 एक्सप्रेस ट्रेन बा जवन अब नया समय पs चली। एकरा के लेके इस्टर्न बोर्ड के ज्वाइंट डायरेक्टर(कोचिंग) विवेक कुमार सिन्हा नोटिफिकेशन जारी कइले बाड़ें।

बतावल जा रहल बा कि, मालदा टाउन-किऊल एक्सप्रेस, मालदा टाउन-दिल्ली फरक्का एक्सप्रेस, मालदा टाउन-दिल्ली फरक्का एक्सप्रेस, भागलपुर-अजमेर एक्सप्रेस, भागलपुर-दानापुर इंटरसिटी एक्सप्रेस, साहिबगंज-दानापुर इंटरसिटी, हावड़ा-गया एक्सप्रेस, मालदा टाउन-किऊल एक्सप्रेस, भागलपुर-एसएमवीटी बेंगलुरु एक्सप्रेस, भागलपुर-आनंद विहार टर्मिनल गरीब रथ एक्सप्रेस, भागलपुर-मुजफ्फरपुर जनसेवा एक्सप्रेस, भागलपुर-आनंद विहार टर्मिनल विक्रमशिला एक्सप्रेस, बांका-राजेंद्रनगर इंटरसिटी, गोड्डा-नयी दिल्ली हमसफर एक्सप्रेस आ गोड्डा-रांची एक्सप्रेस के समय में बदलाव कइल गइल बा। सब 15 ट्रेनन के समय में पांच से 20 मिनट तक के बदलाव कइल गइल बा। माने, ट्रेनन के टाइम आगे बढ़ावल गइल बा।

1. ट्रेन नंबर 13409 मालदा टाउन-किऊल एक्सप्रेस :

वर्तमान समय : सबेरे 5.40 बजे

खुले के नया समय : सबेरे 06.00 बजे

2. ट्रेन नंबर 13413 मालदा टाउन-दिल्ली फरक्का एक्सप्रेस :

वर्तमान समय : सांझ के 07.15 बजे

खुले के नया समय : सांझ के 07.35 बजे

3. ट्रेन नंबर 13483 मालदा टाउन-दिल्ली फरक्का एक्सप्रेस :

वर्तमान समय : सांझ के 07.15 बजे

खुले के नया समय : सांझ के 07.35 बजे

4. ट्रेन नंबर 13423 भागलपुर-अजमेर एक्सप्रेस :

वर्तमान समय : दिन के 01.10 बजे

खुले के नया समय :दिन के 01.25 बजे

5. ट्रेन नंबर 13401 भागलपुर-दानापुर इंटरसिटी एक्सप्रेस :

वर्तमान समय : सबेरे के 05.30 बजे

खुले के नया समय : सबेरे के 05.40 बजे

6. ट्रेन नंबर 13235 साहिबगंज-दानापुर इंटरसिटी : वर्तमान समय : दिन के 02.30 बजे

खुले के नया समय : दिन के 02.45 बजे

7. ट्रेन नंबर 13023 हावड़ा-गया एक्सप्रेस :

वर्तमान समय : सांझ के 07.50 बजे

खुले के नया समय : रात 08.00 बजे

8. ट्रेन नंबर 13429 मालदा टाउन-किऊल एक्सप्रेस :

वर्तमान समय : सबेरे के 09.05 बजे

खुले के नया समय : सबेरे 09.20 बजे

9. ट्रेन नंबर 12254 भागलपुर-एसएमवीटी बेंगलुरु एक्सप्रेस :

वर्तमान समय : दिन के 01.40 बजे

खुले के नया समय : दिन के 01.55 बजे

10. ट्रेन नंबर 22405 भागलपुर-आनंद विहार टर्मिनल गरीब रथ एक्सप्रेस :

वर्तमान समय : दिन के 01.40 बजे

खुले के नया समय : दिन के 01.55 बजे

11. ट्रेन नंबर 13419 भागलपुर-मुजफ्फरपुर जनसेवा एक्सप्रेस :

वर्तमान समय : दिन के 02.05 बजे

खुले के नया समय : दिन के 02.10 बजे

12. ट्रेन नंबर 12367 भागलपुर-आनंद विहार टर्मिनल विक्रमशिला एक्सप्रेस :

वर्तमान समय : दिन के 11.50 बजे

खुले के नया समय : दिन के 12.00 बजे

13. ट्रेन नंबर 13241 बांका-राजेंद्रनगर इंटरसिटी :

वर्तमान समय : सबेरे 08.50 बजे

खुले के नया समय : सबेरे 09.00 बजे

14. ट्रेन नंबर 12349 गोड्डा-नई दिल्ली हमसफर एक्सप्रेस :

वर्तमान समय : दिन के 12.45 बजे

खुले के नया समय : दिन के 01.05 बजे

15. ट्रेन नंबर 18604 गोड्डा-रांची एक्सप्रेस :

वर्तमान समय : दिन के 12.45 बजे

खुले के नया समय : दोपहर 01.00 बजे

साभार: First Bihar 

543000cookie-checkविक्रमशिला, गरीब रथ आ जनसेवा समेत 15 ट्रेनन के बदल गइल समय, जानीं कब से लागू होई नया टाइम टेबल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.