[the_ad_group id="30365"]

पड़ोसी के छत पs फेंकत रहे 2 करोड़ रुपिया, विजिलेंस के टीम सरकारी अधिकारी के रंगे हाथ पकड़लस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

ओडिशा विजिलेंस टीम में दू गो अतिरिक्त एसपी, 7 गो डिप्टी एसपी, 8 गो इंस्पेक्टर आ अउरी कर्मचारी शामिल बाड़े। ई नौ गो टीम एके साथे भुवनेश्वर, नबरंगपुर आ भद्रक के नौ जगहा पs छापामारी करत बाड़ी सँ।

ओडिशा में एगो सरकारी अधिकारी के रंगे हाथ पकड़ल गइल बा। उनुका घर से 2 करोड़ रुपया बरामद हो चुकल बा। राज्य सतर्कता विभाग के अधिकारी शुक्रवार के सबेरे उनुका के 500 रुपया के नोट के बंडल लेके पकड़ लेले। अपना के बचावे खातीर अधिकारी ए पईसा के अपना घर के छत पs फेंके के कोशिश करत रहले। अधिकारी बतवले कि नबरंगपुर जिला के अपर उपजिलाधिकारी के पद पs तैनात प्रशांत राउत भुवनेश्वर के दु मंजिला मकान से अपना पड़ोसी के छत पs नोट फेंकत घरी पकड़ल गईल बाड़े।

अधिकारी कहले कि, “हम अधिकारी के घर से 500 रुपया के नोट के 6 कार्टन जब्त क लेले बानी। उ हाल ही में 2000 रुपया के नोट के 500 रुपया के मुद्रा में बदल देले रहले। हमनी के अभी तक उनुका घर से 2 करोड़ रुपया नकद बरामद कईले बानी। एकरा से जादे होखे के संभावना बा।” दिन के अंत तक हमनी के बेहिसाब आय के बारे में पता चल जाई।” बतावल जाता कि राउत नियम अवुरी प्रक्रिया के पालन कईले बिना सरकारी जमीन से खुदाई के अनुमति देके जिला के पत्थर खनन माफिया से पईसा कमा लेले।

ओडिशा विजिलेंस टीम में दू गो अतिरिक्त एसपी, 7 गो डिप्टी एसपी, 8 गो इंस्पेक्टर आ अउरी कर्मचारी शामिल बाड़े। ई नौ गो टीम एके साथे भुवनेश्वर, नबरंगपुर आ भद्रक के नौ जगहा पs छापामारी करत बाड़ी सँ। राउत पs भ्रष्टाचार आ घूसखोरी के कई गो आरोप आ शिकायत बा। 2018 में विजिलेंस पंचायत के कार्यकारी अधिकारी के एक लाख रुपिया के घूस मांगे के आरोप में गिरफ्तार कईले रहे। ओह घरी सुंदरगढ़ जिला में बीडीओ रहले।

पिछला साल ओडिशा विजिलेंस में अनुपातहीन संपत्ति से जुड़ल 84 गो मामिला दर्ज भइल बा। साल 2022 देश के सबसे अधिक बा। करीब 200 सरकारी अधिकारी के गिरफ्तार क लिहल गईल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]