[the_ad_group id="30365"]

Jammu Kashmir: राजपूताना राइफल्स के तीन जवान हिमस्खलन के चपेट में आके भइल लो शहीद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Avalanche in Jammu-Kashmir: कुपवाड़ा के माछिल सेक्टर में तीन जवान शहीद हो गइल लो। ई जवान गश्त प निकलल रहे लो, तबे हिमस्खलन ले चपेट में आ गइल लो। तीनों जवान के कुपवाड़ा मिलिटरी अस्पताल पहुंचावल गया, बाकिर ओह लोग के बचावल ना जा सकल।

ई हादसा कुपवाड़ा के माछिल सेक्टर में भइल। शहीद भइल तीनों जवान जांबाजी के पर्याय मानल जाये वाला 56 RR माने 56 राजपूताना राइफल्स के रहे लो। कश्मीर पुलिस बतवलस कि तीन में दु जवान सीधा तौर प हिमस्खलन के चपेट में आ गइल रहे लो, जबकि तीसरका जवान पेट्रोलिंग राहत कार्यन के दौरान शहीद भइलें। तीसरका जवान के हाईपोथेर्मिया के समस्या आवत रहे।

 

गश्त के दौरान हिमस्खलन के चपेट में आइल लो जवान

श्रीनगर में रक्षा प्रवक्ता एह हादसा के बारे में जानकारी देलें। ऊ बतवलें कि दु जवान गश्त प रहे लो, तबे बर्फ के बड़ ढेर ओह लो के ऊपर आ गिरल। ओह लोग के निकाले के कोसिस के दौराने तीसरका जवान गंभीर रूप से हाईपोथेर्मिया के चपेट में आ गइल। तीनो जवानन के बचावे के भरपूर कोसिस कइल गइल, बाकिर बचावल ना जा सकल। ऊ बतवलें कि सब जवानन के कुपवाड़ा के द्रुगमुल्ला इस्थित मिलिटरी अस्पताल में भर्ती करावल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]