[the_ad_group id="30365"]

नूंह हिंसा में होमगार्ड के दु जवानन समेत तीन गो लोगन के मउत, 45 घायल, 35 गो गाड़ी फुकले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नूंह : हरियाणा के नूंह हिंसा में होमगार्ड के दु जवान समेत कुल तीन लोग के मउत हो गईल जबकि 45 लोग घाही हो गईले। दंगाई कुल 35 गाड़ी में आग लगा देले। एही बीच पुलिस नूंह में शांति बहाल करे के कोशिश में लागल बिया। एकरा संगे दंगाई के खिलाफ कार्रवाई भी शुरू हो गईल बा। पुलिस वीडियो के माध्यम से दंगाई के पहचान करे के कोशिश करतिया। नूंह में कर्फ्यू लगावे के संगे जिला के सभ प्रवेश द्वार पs सील क दिहल गईल बा। नूंह के हालात तनावपूर्ण बा बाकिर काबू में बा।

जिला में पुलिस अवुरी पैरामिलिट्री फोर्स के 15 कंपनी के तैनाती के अलावे अवुरी जिला से भी भारी संख्या में पुलिस बल के बोलावल गईल। जिला में कवनो तरह के अफवाह ना फइलावे खातिर दु अगस्त ले इंटरनेट सेवा बंद कs दिहल गइल बा।

विहिप के जुलूस पs हमला

दरअसल, सोमवार के नूंह जिला में विश्व हिन्दू परिषद के जुलूस निकलत रहे। ए दौरान भीड़ जुलूस के रोके के कोशिश कईलस। पथराव अवुरी आगजनी के घटना भईल। हिंसक भीड़ कई गो गाड़ियन के जरा दिहलस। एह हिंसा में होमगार्ड के दू गो जवान के मउत हो गइल आ पुलिसकर्मी समेत 15 लोग घवाहिल हो गइल। हिंसा के चलते सड़क पs घंटन यातायात बाधित रहे।

मंदिर में करीब 2500 लोग लुकाइल रहले

हरियाणा के गृहमंत्री अनिल विज बतवले कि पुलिस नूंह के एगो शिव मंदिर से करीब 2500 पुरुष, महिला अवुरी बच्चा के बाहर निकाललस। एहमें तीर्थयात्री आ दुनु पक्ष के बीच झड़प के दौरान ओहिजा शरण लेबे वाला लोग शामिल रहुवे। हरियाणा के मुख्यमंत्री जनता से शांति कायम राखे के गोहार लगवले बाड़न।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]