[the_ad_group id="30365"]

सड़क हादसा में तीन दोस्त जख्मी, एगो के इस्थिति गंभीर: पीछे से आ रहल बाइक मार देले रहे टक्कर, गंभीर रूप से घायल पटना रेफर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आरा-मोहनिया नेशनल हाईवे पs जिला के धनगाई थाना क्षेत्र के केसरी गांव के लगे सोमार के सड़क हादसा भइल रहे। जेमे बाइक सवार तीन दोस्त गंभीर रूप से जख्मी हो गइल। जख्मियन में एगो ले इलाज खातिर आरा सदर अस्पताल ले आवल गइल। जहां से प्राथमिक उपचार के बाद पटना रेफर कs दिहल गइल बा। जबकि दुगो जख्मियन के इलाज स्थानीय पीएचसी में करावल जा रहल बा।

जख्मियन में तीयर थाना क्षेत्र के हेतमपुर गांव निवासी संतोष ठाकुर के 20 साल के लईका प्रकाश ठाकुर, नरेश ठाकुर के 12 साल के लईका अमित ठाकुर आ रविंद्र सिंह के 13 साल के लईका बिट्टू कुमार सामिल बा लो। एमे प्रकाश ठाकुर बक्सर के डुमरांव इस्थित सैलून में नाई के काम करलें।

दुगो के स्थानीय पीएचसी में भर्ती करावल गइल 

जख्मी प्रकाश ठाकुर के परिजन दीपक ठाकुर बतवलें कि ऊ अपना दुगो दोस्तन के संगे मरांव जात रहे लो। एही दौरान केसरी गांव के लगे पीछे से आ रहल कवनो बाइक टक्कर मार देलस।

जवना से अनियंत्रित होके बाइक पलट गइल आ तीनो जख्मी हो गइल लो। जवना के बाद गंभीर हालत में ओकरा इलाज खातिर आरा सदर अस्पताल ले आवल गइल। जहां से प्राथमिक उपचार करे के बाद उनकर हालत के चिंताजनक देखत पटना रेफर कs दिहल गइल। जबकि जख्मी उनका दुगो दोस्तन के इलाज स्थानीय पीएचसी में करावल गइल। ओहिजा, इलाज कs रहल चिकित्सक बतावल लो कि जख्मी जुवक के बहुते गंभीर चोट आइल बा। पटना रेफर कs दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]