[the_ad_group id="30365"]

सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र बेलघाट के हाल: महीना भर से नदारद बानें तीन डॉक्टर, रोकल गइल तनखाह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र (सीएचसी) बेलघाट में तैनात चार में से तीन डॉक्टर एक महीना से अस्पताल नाइ गइल बानें। उहवें, अधीक्षक भी बिना सूचना दिहलें नदारद बानें। अस्पताल में मरीजन के इलाज नाइ हो पा रहल बा। सीएमओ सबके तनखाह रोके के निर्देश दिहलें बानें।

सीएमओ डॉ. आशुतोष कुमार दुबे बतवलें कि सीएचसी में चार डॉक्टर तैनात बानें। सर्जन डॉ. अखिलेश सिंह अधीक्षक हवें। ऊ लेवल तीन के डॉक्टर हवें। एकरे अलावा स्त्री अउरी प्रसूति रोग विशेषज्ञ के तौर पs डॉ. विधि मिश्रा, फिजीशियन डॉ. रवि गुप्ता अउरी मेडिकल ऑफिसर डॉ. विशाल कुमार गुप्त के तैनाती रहल।

तीन डॉक्टर एक महीना से अस्पताल गइले ही नाइ। ई लोग छुट्टी पs गइले के कौनो सूचना विभाग के नाइ देहले बा। एकरे अलावा अस्पताल के अधीक्षक अउरी सर्जन डॉ. अखिलेश सिंह भी चार दिन से बगैर बतवलें अवकाश पर बानें। सब के तनखाह रोक दिहल गइल बा।

ओंने, सीएचसी सिंहोरिया से डॉ. विनोद कुमार प्रसाद के बेलघाट ट्रांसफर कइल गइल बा। उहों अभिन ले ज्वाइन नाइ कइले बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]