[the_ad_group id="30365"]

BF.7: चीन में हाहाकार के बीचे भारत में मिलल ओमिक्रॉन सब वैरिएंट BF.7 के चार ममिला, केंद्र सरकार भइल अलर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चीन समेत दुनियाभर के कइयन गो देसन में कोरोना एक बेर फेर बढ़त हाहाकार के बीच भारतो में एगो चिंता बढ़ावे वाला खबर सामने आइल बा। दरअसल, चीन में एक बेर फेर कोरोना के बिगड़त हालात खातिर ओमिक्रॉन के सबवैरिएंट BF.7 के जिम्मेदार ठहरावल जा रहल बा। ओहिजा, अब ओमिक्रॉन के सबवैरिएंट BF.7 के तीन ममिला भारतो में पावल गइल बा। जवना के बाद केंद्र सरकार आ स्वास्थ्य मंत्रालय सतर्क हो गइल बा।

एह राज्यन से सामने आइल बा ममिला

जानकारी के मोताबिक, गुजरात जैव प्रौद्योगिकी अनुसंधान केंद्र द्वारा अक्टूबर में भारत में BF.7 के पहिला ममिला के पता चलल बा। ऊ कहलें कि अब तक गुजरात आ ओडिशा से दु-दु गो मामिल सामने आइल बा। विश्व में बढ़त कोरोना ममिलन के देखत केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री मनसुख मंडाविया के अध्यक्षता में बुध के कोविड समीक्षा बैठक भइल बा। बैठक के दौरान विशेषज्ञ लोग कहल कि ओइसे अभी तक कोविड ममिलन के संख्या में कवनो बड़ बढ़न्ती नइखे भइल, बाकिर मवजूदा आ उभरत सब वैरिएंट्स पs नजर राखे निरंतर निगरानी के आवश्यकता बा।

चीन में बढ़ रहल कोरोना ममिलन खातिर जिम्मेदार बा BF.7 वैरिएंट

गौर करे आला बात बा कि चीन के कइयन गो शहरन में वर्तमान में अत्यधिक तेजी से ओमिक्रॉन के सब वैरिएंट BF.7 के ममिला बढ़ रहल बा। कर सबसे जादे ममिला बीजिंग में सामने आ रहल बा। चीन में BF.7 के उच्च संप्रेषणीयता के पिछला संक्रमण से चीनी आबादी में प्रतिरक्षा के निम्न स्तर आ संभवतः टीकाकरणों खातिर जिम्मेदार ठहरावल जा सकत बा। एह सब वैरिएंट के ममिला अमेरिका, ब्रिटेन आ बेल्जियम, जर्मनी, फ्रांस आ डेनमार्क जइसन यूरोपीय देसन सहित कइयन गो आउर देसन में पहिलही पावल जा चुकल बा।

पश्चिम बंगाल कोविड-19 के नया लहर से निपटे खातिर तइयार: राज्य स्वास्थ्य विभाग

वैश्विक परिप्रेक्ष्य में कोरोना के बढ़ते मामलों को देखते हुए पश्चिम बंगाल के स्वास्थ्य विभाग अलर्ट मोड पs बा। राज्य के स्वास्थ्य विभाग कहले बा कि ऊ कोविड-19 के कवनो संभावित लहर से निपटने खातिर तइयार बा। पश्चिम बंगाल स्वास्थ्य विभाग के निदेशक डॉ. सिद्धार्थ नियोगी कहलें कि राज्य में कोविड-19 के प्रसार बात होखे देवे खातिर नियमित रूप से जांच आ निगरानी कइल जा रहल बा।

ऊ कहलें कि हमनी के राज्य में कवनो संभावित इस्थिति से निपटे खातिर तइयार बानी। मय चीज नियंत्रण में बा, बाकिर हमनी kd एहतियात बरतल जारी रख रहल बानी सs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]