[the_ad_group id="30365"]

PUBG के चक्कर में गइल जान, ईयरफोन लगाके खेल रहल लईकन के ट्रेन से तीन के मउत

PUBG के चक्कर में गइल जान
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जिला के मुफस्सिल थाना क्षेत्र में एगो हैरानी के मामला सामने आईल बा। इहाँ पबजी गेम खेलत घरी तीन किशोर के मउत हो गईल।  बतावल जाता कि बियफ़ें के देर सांझ रेल पटरी पs बईठ के तीन किशोर पबजी खेलत रहले।  एs दौरान तीनों लोग कान में इयरफोन भी डाल देले रहले।  एही बीच ट्रेन पहुंचल अवुरी आवाज ना सुनाई देवे के चलते तीनों किशोर ट्रेन के चपेट में आ गईले।  एs घटना में तीनों किशोर के मउत हो गईल। घटना के बाद परिवार के लोग के हालत खराब बा अवुरी रोवत बाड़े.

ट्रेन से टकरा के मउत

असल में बतावल जात बा कि रेल पटरी पs बइठल पबजी खेलत घरी ट्रेन से टकरा के तीन गो किशोर के मउत हो गइल बा.  घटना नरकटियागंज-मुजफ्फरपुर रेलखंड के मुफसील थाना क्षेत्र के मनसा टोला के नजदीक स्थित रॉयल स्कूल के नजदीक भईल। मरेवाला किशोर के पहचान मुफस्सिल थाना क्षेत्र के रेलवे गुमटी मंशा टोला निवासी मोहम्मद अली के बेटा फुरकान आलम, बारी टोला निवासी मोहम्मद टुनटुन के बेटा समीर आलम अवुरी हबीबुल्लाह अंसारी के रूप में भईल बा।  मौका पs सैकड़ों लोग जुट गईल बाड़े।

बतावल जाता कि डेमो पैसेंजर ट्रेन मुजफ्फरपुर से नरकटियागंज जात रहे।  एही बीच तीनों किशोर रेलवे पटरी पs बईठ के पबजी गेम खेलत रहले।  तीनों किशोर के कान में इयरफोन लागल रहे, जवना के चलते उs लोग के ट्रेन के आवे के बारे में कवनो जानकारी ना रहे।  चूंकि ट्रेन के आवाज ना सुनाई देत रहे एहसे तीनों किशोर एs घटना के शिकार हो गईले अवुरी उनुकर मउत हो गईल।  मौका पs पहुंच के सदर एसडीपीओ (वन) विवेक दीप अवुरी आरपीएफ मामला के जांच शुरू कs देले।  परिवार के सभे लोग अपना मरेवाला बच्चा के शव लेके अपना घरे चल गईले।  बहुत मेहनत के बाद शव के पोस्टमार्टम खातीर ले जाइल गईल।


इहो पढ़ीं :सबेरे-सबेरे: पाचन क्रिया होई दुरुस्त, करीं दूर इs तीन गो yoga

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]